कश्मीर के जाड़ा खतम कs दिहलस कुल रिकॉर्ड, कुछ जगहा -17 डिग्री सेल्सियस अवुरी कुछ जगहा -15 डिग्री ले पहुंचल पारा

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 2, 2024

आजुकाल्हु कश्मीर में अतना जाड़ा हो रहल बा कि सगरी रिकार्ड तूड़ल जा रहल बा। दक्षिण कश्मीर आ जम्मू क्षेत्र आ सोनामार्ग के कुछ हिस्सा में बेहद जाड़ा के लहर के चलते रिकार्ड टूट गइल।

Share

आजुकाल्हु कश्मीर में अतना जाड़ा हो रहल बा कि सगरी रिकार्ड तूड़ल जा रहल बा। दक्षिण कश्मीर आ जम्मू क्षेत्र आ सोनामार्ग के कुछ हिस्सा में बेहद जाड़ा के लहर के चलते रिकार्ड टूट गइल। जानकारी मिलल बा कि कोकरनाग के लार्नू में सभसे कम तापमान -17.7°C दर्ज भइल जबकि सोनामार्ग में तापमान -15.1°C ले गिर गइल। बता दीं कि पिछला कई दिन से जम्मू-कश्मीर में जारी बर्फबारी के चलते सामान्य जीवन बाधित हो गईल बा अवुरी लगातार जाड़ा बढ़ता।

आज के न्यूनतम तापमान-

कश्मीर क्षेत्र:

श्रीनगर = -0.3°C

काजीगुंड = -9.4°C

पहलगाम = -11.9°C

कुपवाड़ा = -4.4°C

कोकेरनाग = -9.4°C

गुलमर्ग = -12.0°C

सोनमर्ग = -15.1°C

अनंतनाग = -8.5°C

गांदरबल = -3.1°C

पुलवामा = -2.8°C

बांदीपोरा = -2.3°C

बारामूला = -1.5°C

बडगाम = -2.0°C

कुलगाम = -9.3°C

शोपियां = -10.7°C

लारनू = -17.7°C

लद्दाख:

लेह = -9.4°C

कारगिल = -11.5°C

मौसम विभाग हिमस्खलन के चेतावनी दिहलस

मौसम विभाग के अधिकारी काल्हु कहले रहले कि जम्मू-कश्मीर में श्रीनगर-लेह राजमार्ग पs जोजिला अक्ष रेखा ऊपरी इलाका में फेर से बर्फबारी भईल, जबकि मैदान में बरखा भईल। स्थानीय मौसम कार्यालय जम्मू-कश्मीर के 6 जिला – पुंछ, बारामूला, बांदीपुरा, कुपवाड़ा, डोडा अवुरी गांदरबल खातीर हिमस्खलन के चेतावनी भी जारी कईले बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.