Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कश्मीर के जाड़ा खतम कs दिहलस कुल रिकॉर्ड, कुछ जगहा -17 डिग्री सेल्सियस अवुरी कुछ जगहा -15 डिग्री ले पहुंचल पारा

235

आजुकाल्हु कश्मीर में अतना जाड़ा हो रहल बा कि सगरी रिकार्ड तूड़ल जा रहल बा। दक्षिण कश्मीर आ जम्मू क्षेत्र आ सोनामार्ग के कुछ हिस्सा में बेहद जाड़ा के लहर के चलते रिकार्ड टूट गइल। जानकारी मिलल बा कि कोकरनाग के लार्नू में सभसे कम तापमान -17.7°C दर्ज भइल जबकि सोनामार्ग में तापमान -15.1°C ले गिर गइल। बता दीं कि पिछला कई दिन से जम्मू-कश्मीर में जारी बर्फबारी के चलते सामान्य जीवन बाधित हो गईल बा अवुरी लगातार जाड़ा बढ़ता।

आज के न्यूनतम तापमान-

कश्मीर क्षेत्र:

श्रीनगर = -0.3°C

काजीगुंड = -9.4°C

पहलगाम = -11.9°C

कुपवाड़ा = -4.4°C

कोकेरनाग = -9.4°C

गुलमर्ग = -12.0°C

सोनमर्ग = -15.1°C

अनंतनाग = -8.5°C

गांदरबल = -3.1°C

पुलवामा = -2.8°C

बांदीपोरा = -2.3°C

बारामूला = -1.5°C

बडगाम = -2.0°C

कुलगाम = -9.3°C

शोपियां = -10.7°C

लारनू = -17.7°C

लद्दाख:

लेह = -9.4°C

कारगिल = -11.5°C

मौसम विभाग हिमस्खलन के चेतावनी दिहलस

मौसम विभाग के अधिकारी काल्हु कहले रहले कि जम्मू-कश्मीर में श्रीनगर-लेह राजमार्ग पs जोजिला अक्ष रेखा ऊपरी इलाका में फेर से बर्फबारी भईल, जबकि मैदान में बरखा भईल। स्थानीय मौसम कार्यालय जम्मू-कश्मीर के 6 जिला – पुंछ, बारामूला, बांदीपुरा, कुपवाड़ा, डोडा अवुरी गांदरबल खातीर हिमस्खलन के चेतावनी भी जारी कईले बा।

 

 

726610cookie-checkकश्मीर के जाड़ा खतम कs दिहलस कुल रिकॉर्ड, कुछ जगहा -17 डिग्री सेल्सियस अवुरी कुछ जगहा -15 डिग्री ले पहुंचल पारा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.