[the_ad_group id="30365"]

एक्सपर्ट बतइले पुरान से पुरान कब्ज ठीक करे खातिर 3 योग मुद्रा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कब्ज के हरावे खातिर योग मुद्रा : कब्ज पाचन के सबसे आम समस्या में से एगो ह जवन कि हर उम्र के लोग के प्रभावित करेला। असल में तनाव, निर्जलीकरण अवुरी खराब जीवनशैली के चलते लोग एकर शिकार हो जाले। एकरा चलते शौच जईसन समस्या के सामना करे के पड़ेला। अइसना में आज हमनी के 3 योग आसन के बारे में बतावे जा रहल बानी जा जवन पेट के परेशान समस्या से राहत दे सकेला।

 

वायु मुद्रा

आयुर्वेद के अनुसार वायु तत्व हमनी के शरीर में वात दोष से जुड़ल बा। वायु मुद्रा के अभ्यास से हमनी के आपन शरीर में वायु तत्व के उतार-चढ़ाव के संतुलन बना सकेनी जा, जवना से गैस्ट्रिक के समस्या जईसे पेट फूलल, अपच अवुरी एसिड रिफ्लक्स से राहत मिल सकता।

अपान मुद्रा

 

अपान मुद्रा के शुद्धि मुद्रा भी कहल जाला। इ मुद्रा पित्त कम करे में मदद करेला। इ शरीर के विषमुक्त भी करेला। अयीसन कईला से 90 प्रतिशत जहरीला पदार्थ शरीर से निकल जाला। एह से मन भी शांत हो जाला। नकारात्मकता दिमाग में ना आवेला।

वज्रासन

वज्रासन कईला से मल त्याग में सुधार होखेला अवुरी कब्ज से राहत मिलेला। इ आसन पेट फूलल (गैस) अवुरी एसिडिटी से छुटकारा पावे में भी मदद करेला। आम तौर पs खाना खईला के तुरंत बाद कवनो प्रकार के व्यायाम चाहे योग ना कईल जाला, लेकिन खाना खईला के बाद वज्रासन कईल निमन बा, काहेंकी एकरा से अपच ना होखेला।

अस्वीकरण: सलाह समेत ई सामग्री खाली सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे। अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपना डॉक्टर से सलाह लीं। खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत। 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]