[the_ad_group id="30365"]

हाईस्कूल के पैटर्न में विशेषज्ञन के राय से होई बदलाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय शिक्षा नीति 2020 के पालन करत यूपी बोर्ड कक्षा 9 आ दस में बदलाव करे से पहिले विशेषज्ञ के राय लिही। बोर्ड 29 जून तक छात्र, अभिभावक, शिक्षक आदि से हितधारक से सुझाव मंगले रहे कि सत्र 2025-26 से कक्षा नौ में छह विषय के जगह दस विषय के परीक्षा करावे आ तीन भाषा के सूत्र समेत आ बदलाव के चरणबद्ध तरीका से लागू कइल जाइ। सुझाव मिलला के बाद अब बोर्ड मुख्यालय में सीबीएसई, एनसीईआरटी समेत शीर्ष शैक्षिक संस्थान में काम करे वालो चुनल विद्वान के कार्यशाला के आयोजन करी, ताकि उऽ लोग राष्ट्रीय शिक्षा नीति 2020 के संदर्भ में सुझाव के लागू कऽ सके आ शिक्षा के माहौल में सुधार कइल जा सके। जवन बदलाव लागू होई ओकरा से विद्यार्थियन पs अतिरिक्त दबाव ना बने के चाहीं आ यूपी बोर्ड के विद्यार्थियन के प्रदर्शन राष्ट्रीय स्तर के प्रतियोगी परीक्षा में दोसरा बोर्डन के मोकाबला से बेहतर हो सके।

7 विषय के आधार पऽ मेरिट 

बोर्ड दस विषयन के परीक्षा करी, बाकिर मेरिट खाली सात विषय के आधार पs होई। एह में तीन गो भाषा, गणित, बिज्ञान, सामाजिक बिज्ञान आ अंतःविषय क्षेत्र (गृह बिज्ञान, मानव बिज्ञान, वाणिज्य, एनसीसी, कंप्यूटर, कृषि भा पर्यावरण बिज्ञान के कौनों) सामिल बाड़ें। शारीरिक, कला आ व्यावसायिक शिक्षा में 30 अंक के लिखित परीक्षा आ 70 अंक के आंतरिक आकलन होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]