नई दिल्ली। देसभर के केंद्रीय विद्यालय (KVS) आ नवोदय विद्यालय (NVS) में टीचिंग आ नॉन-टीचिंग पदन पs भर्ती हो रहल बा। एह भर्ती में भाग लेवे खातिर आवेदन करे के आखिरी तारीख काल्ह माने 11 दिसंबर 2025 बा। जे अभ्यर्थी अभी तक फॉर्म नइखे भरले, ऊ बिना देरी कइले तुरत वेबसाइट पs जाये भा नीचे दिहल डायरेक्ट लिंक से अप्लाई कs सकत बा। काल्ह के बाद एप्लीकेशन विंडो बंद कs दिहल जाई।
के ले सकेला भर्ती में भाग
- टीजीटी, पीजीटी आ प्रिंसिपल पद पs आवेदन करे वाला अभ्यर्थी के मान्यता प्राप्त संस्थान से ग्रेजुएशन, पोस्ट ग्रेजुएशन आ बीएड/एमएड के डिग्री होखे के चाहीं।
- नॉन-टीचिंग पद पs आवेदन करे खातिर अभ्यर्थी के लगे स्नातक भा परास्नातक सहित आउर निर्धारित योग्यता जरूरी बा।
- अभ्यर्थी के न्यूनतम उमिर पद के हिसाब से 18, 30 भा 35 साल आ अधिकतम उमिर 40, 45 भा 50 साल निर्धारित बा।
- आरक्षित वर्ग (SC/ST/PwD) के अभ्यर्थी के ऊपरी उमिर में नियम अनुसार छूट दिहल जाई।
एप्लीकेशन प्रक्रिया आ फीस
अभ्यर्थी खुद फॉर्म भर सकत बा लोग। सुविधा खातिर स्टेप्स नीचे दिहल बा:
-
- सबसे पहिले ऑफिशियल वेबसाइट cbse.gov.in पs जाईं।
- होम पेज पs “लेटेस्ट” सेक्शन में भर्ती से संबंधित अप्लाई लिंक पs क्लिक करीं।
- रजिस्टर लिंक पs क्लिक करीं आ मांगल गइल डिटेल भर के पंजीकरण कs लीं।
- पंजीकरण के बाद बाकी डिटेल भर के फॉर्म पूरा करीं।
- कैटेगरी अनुसार निर्धारित फीस जमा करीं आ फॉर्म सबमिट करीं।
- फॉर्म के प्रिंटआउट निकाल के भविष्य खातिर सुरक्षित रख लीं।
KVS NVS Vacancy 2025 – फीस संरचना
- प्रिंसिपल, वाइस प्रिंसिपल पद पs आवेदन: 2800 रुपिया
- Sr/Jr Secretariat Assistant, स्टेनोग्राफर, JSA, लैब अटेंडेंट, MTS पद: 1700 रुपिया
- TGT, PGT, PRT आ अन्य पद: 2000 रुपिया
- SC/ST/PwD वर्ग: सब पद पs आवेदन खातिर 500 रुपिया
- फीस ऑनलाइन माध्यम से जमा कइल जाई।






