Bengal Encounter : बारुईपुर रेप आ मर्डर केस के आरोपी प्रभास मंडल पुलिस मुठभेड़ में मारल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 8, 2026

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के चर्चित बारुईपुर रेप आ मर्डर केस के मुख्य आरोपी प्रभास मंडल पुलिस मुठभेड़ में मारल गइल बा। बंगाल पुलिस सोमार के ओकरा के गिरफ्तार कइले रहे। बाद में घटना के सीन

Share

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के चर्चित बारुईपुर रेप आ मर्डर केस के मुख्य आरोपी प्रभास मंडल पुलिस मुठभेड़ में मारल गइल बा। बंगाल पुलिस सोमार के ओकरा के गिरफ्तार कइले रहे। बाद में घटना के सीन दोबारा तइयार करे (क्राइम सीन रिकंस्ट्रक्शन) के दौरान मुठभेड़ हो गइल।

बारुईपुर के एसपी के मोताबिक, क्राइम सीन दोबारा बनावे के दौरान प्रभास मंडल पुलिसकर्मी से हथियार छीने के कोसिस कइलस आ पुलिस पs गोली चलावे के प्रयास कइलस।

एह दौरान पुलिस जवाबी कार्रवाई कइलस, जवना में गोली प्रभास मंडल के लागल। ओकरा के तुरंत अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग ओकरा के मृत घोषित कs दिहल।

सरकार कानून-बेवस्था बनवले बिया : शुभेंदु अधिकारी

मंगर के पश्चिम बंगाल के नेता सुवेंदु अधिकारी कहलें कि बारुईपुर में नाबालिग लड़की के कथित रेप आ हत्या के घटना के बाद सरकार आ पुलिस कानून-बेवस्था कायम रखे खातिर जरूरी डेग उठा रहल बिया।

पोस्टमार्टम रिपोर्ट में सामने आइल हैवानियत

11 बरिस के नाबालिग लड़की के हत्या के प्रारंभिक पोस्टमार्टम रिपोर्ट में घटना के क्रूरता सामने आइल बा। रिपोर्ट के अनुसार, पीड़िता के देह पs गंभीर चोट, यौन उत्पीड़न आ शारीरिक यातना के निशान मिलल बा। डॉक्टरन के मोताबिक, लईकी के माथा पs भारी चीज से हमला कइल गइल रहे। एकरा बाद ओकरा के बोरी में भरके तालाब में फेंक दिहल गइल।

रिपोर्ट में इहो बतावल गइल बा कि जब लईकी के तालाब में फेंकल गइल, तब ऊ जिन्दा रहे। देह पs कइयन जगह खरोंच, काटे के निशान आ गुप्तांग पs गंभीर चोट मिलल बा। पानी देह में घुसला से फेफड़ा आ पेट फूल गइल रहे आ आखिरकार डूबे से मौत भइल।

कहां के बा हs ममिला?

ई दर्दनाक घटना बारुईपुर थाना क्षेत्र के धपधपी-2 पंचायत के सूर्यपुर हाट इलाका के बा। जानकारी के मोताबिक, 11 बरिस के नाबालिग लईकी सनिचर के सांझ घर से खाना बनावे के सामान किने निकलल रहे, बाकिर वापस ना लवटल। अतवार के सबेरे घर के लगे एगो तालाब से उनकर शव बरामद भइल।

ओही रात सीसीटीवी फुटेज में चार गो आदमी नाबालिग लईकी के अपना संगे ले जात देखाई दिहल। घटना के बाद पूरा इलाका में भारी आक्रोश फइल गइल आ लोग दोषियन पs कड़ा कार्रवाई के मांग करे लागल।

Read Also: 08 जुलाई 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.