[the_ad_group id="30365"]

छपरा शहर के दक्षिणी हिस्सा में सबेरे 10 से दुपहरिया 12 बजे तक बिजली रही बाधित

बिजली गुल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा। गरमी के प्रकोप से सब केहू परेसान बा। एक ओर जहां सुरुज भगवान के तेज रोज नया रिकॉर्ड बना रहल बा, ओहिजा एकर खासा असर बिजली बेवस्था पs पड़ रहल बा। ओवर हिंटिंग के समस्या के वजह से बार – बार हो रहल पावर ट्रिप लोगन खातिर परेसानी बन गइल बा। एही के देखत बिजली विभाग के ओर से लगातार मरम्मती के काम कइल जा रहल बा।

एही क्रम में छपरा के शहरी क्षेत्र में बुध के दु घंटा के पावर कट कइल जाई। बढ़त गरमी के बीच ट्रांसफॉर्मर के ओवर हिट होखे से पावर ट्रिप के समस्या आ रहल बा। एकरा के लेके बिजली विभाग के ओर से पावर कट कs के कूलिंग आ मरम्मती कइल जाई।

एकरा कारण शहरी क्षेत्र के एसडीएस फीडर आ धर्मनाथ फीडर में बिजली बाधित रही। राजेंद्र सरोवर पॉवर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला दुनो फीडर में पावर कट कइल जाई। एकरा से शहर के दक्षिणी हिस्सा में आवे वाले किनरवाहि में पावर कट रही।

विभाग से मिलल जानकारी के अनुसार, सबेरे 10 बजे से दुपहरिया 12 बजे तह बिजली बाधित रही। एकरा पहिले बिजली संबंधित काम के निपटा लेवे के सलाह विभाग के ओर से दिहल गइल बा। ओहिजा, काम पूरा होखला के बाद फेर से सेवा बहाल कs दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]