मशरक में तीन घंटा कटल रही लाइट: 10 से 1 बजे तक रही पावर कट

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 6, 2024

छपरा में मंगर के तीन घंटा के मेंटेनेंस पावर कट राखे के सूचना जारी कइल गइल बा। मेगा ट्रांसफॉर्मर रिपेयरिंग आ वायर रिप्लेसमेंट के लेके पावर कट रही। बिजली विभाग के ओर से पावर मेंटेनेंस

Share

छपरा में मंगर के तीन घंटा के मेंटेनेंस पावर कट राखे के सूचना जारी कइल गइल बा। मेगा ट्रांसफॉर्मर रिपेयरिंग आ वायर रिप्लेसमेंट के लेके पावर कट रही। बिजली विभाग के ओर से पावर मेंटेनेंस के काम कइल जा रहल बा।

एही क्रम में मशरख के चैनपुर फीडर में बिजली कट कs के मेंटेनेंस के काम कइल जाये के बा। जवना लेके मंगर के चैनपुर फीडर से पावर कट कइल जाये के बा। मंगर के सबेरे 10 बजे दुपहरिया 1 बजे तक तीन घंटा के पावर कट कइल जाई।

बिजली विभाग के ओर से सूचना जारी करत बिजली संबंधित काम के निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा। दोबारा एक बजे के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई। एह दौरान मशरख आ इसुआपुर के क्षेत्र में बिजली बाधित रही।

सहायक अभियंता बतवलें कि मंगर के चैनपुर पीएसएस से संचालित होखे वाला फीडर में बिजली बाधित कइल जाये  के बा। सबेरे 10 बजे से 1 बजे तक बिजली बाधित करत तमाम तरे के बिजली के मरम्मती के काम कइल जाए के बा। फेर 1 बजे के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई। एह दौरान हाई एक्सटेंशन आ लो एक्सटेंशन वायर के मरम्मती के संगे पावर सब स्टेशन में रेगुलर मेंटेनेंस कइल जाई। जवना से भविष्य में परेसानी ना होखे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.