[the_ad_group id="30365"]

छपरा : शहर के पश्चिमी हिस्सा में 2 घंटा कटी बिजली, सबेरे 10 बजे से दुपहरिया 12 बजे तक सप्लाई रही बाधित

बिजली गुल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा। शहरी क्षेत्र में दु घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। बढ़त गर्मी के बीच पावर ट्रिप के समस्या के लेके मरम्मत के काम कइल जाये के बा। जवना के लेके शहरी क्षेत्र के ब्रह्मपुर फीडर में बिजली गुल रही।

सबेरे  10 बजे से दुपहरिया 12 बजे तक बिजली बाधित रही। एकरा पहिले बिजली संबंधित काम निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा। जवना से कवनो परेसानी ना होखे। काम ओरइला के बाद दोबारा एक बजे बिजली बहाल होई। एसे पश्चिमी हिस्सा के ब्रह्मपुर, श्यामचक, कारिंगा, जलालपुर आ गुदरी के कुछ हिस्सन में बिजली बाधित रही।

गाछ-विरीछ के होई छंटाई

कनीय अभियंता बतवलें  कि गर्मी के सुरुआत होखतही लोड बढ़े लागल बा। जवना के लेके पावर ट्रिप के समस्या आ रहल बा। पावर ट्रिप के लेके मरम्मत के काम कइल जाये के बा। जवना के लेके ब्रह्मपुर पीएसएस से संचालित होखे वाला फीडर में पावर कट कइल जाये के बा। एह दौरान तार ट्रान्सफार्मर आ  जंफर सहित गाछ-विरीछ के कटाई-छंटाई कइल जाये के बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]