[the_ad_group id="30365"]

Elections 2024: महिला मतदाता पुरुष लोग के पीछे छोड़ दिहे, लोकसभा आ विधानसभा चुनाव में संख्या में तेजी से बढ़ोतरी होखता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चुनाव 2024 : रिपोर्ट के मुताबिक ए चुनाव में कुल मतदाता के संख्या 96.8 करोड़ बा। कुल 68 करोड़ लोग आपन मताधिकार के इस्तेमाल कर सकेला । एह में 33 करोड़ यानी 49 प्रतिशत महिला मतदाता होइहे।

केंद्र सरकार के कल्याणकारी योजना के बदौलत लोकसभा आ विधानसभा चुनाव में महिला मतदाता के संख्या में तेजी से बढ़ोतरी भइल बा। भारतीय स्टेट बैंक (एसबीआई) के शोध रिपोर्ट के मुताबिक, पछिला पांच साल में जहां 23 बड़ राज्य में चुनाव भइल बा, ओहि में से 18 राज्य में महिला मतदाता पुरुष के मुक़ाबले जादे वोट देली। एह 18 राज्यन में से 10 राज्यन में पहिले जइसन उहे सरकार वापस आ गइल । देश के राजनीति में गेम चेंजर साबित होखे वाली महिला मतदाता 2029 के चुनाव में पुरुष से जादे वोट दिहे। अपना मताधिकार के इस्तेमाल करे वाला कुल 73 करोड़ मतदाता में से महज 37 करोड़ महिला रहीहें ।

17वीं लोकसभा में कुल सांसद में से मात्र 15 प्रतिशत महिला रहली। पहिला लोकसभा में इ संख्या 5 प्रतिशत रहे। रिपोर्ट के मुताबिक ए चुनाव में कुल मतदाता के संख्या 96.8 करोड़ बा। कुल 68 करोड़ लोग आपन मताधिकार के इस्तेमाल कर सकेला । एह में 33 करोड़ यानी 49 प्रतिशत महिला मतदाता होइहे। पहिला बेर 85.3 लाख महिला वोट दिहे। रिपोर्ट के मुताबिक, 2047 (2049 में चुनाव के संभावना) तक महिला मतदाता के संख्या बढ़ के 55 प्रतिशत (50.6 करोड़) हो जाई जबकि पुरुष के संख्या घट के 45 प्रतिशत (41.4 करोड़) हो जाई। एह दौरान कुल 115 करोड़ मतदाता होखीहें । एहमें से 80 फीसदी लोग यानी 92 करोड़ लोग वोट दे सकेला।

बढ़ रहल बा महिला मतदाता के संख्या

                   2014         2019        2024

कुल मतदाता    83.4           89.6        96.8

महिला वोटर     39.7          43.1        47.1

पुरुष वोटर       43.7          46.5        49.7

पहली बार         2.3           1.5          1.8

 

     (आंकड़ा करोड़ में)

 

स्टैंडअप इंडिया में 81% महिला बाड़ी

सरकार के तमाम योजना में महिला लाभार्थी सबसे आगे बाड़ी। उदाहरण खातिर स्टैंडअप इंडिया में इनकर हिस्सेदारी 81% बा। मुद्रा लोन में महिला के 68%, पीएम सुरक्षा बीमा योजना में 37% अवुरी पीएम जीवन ज्योति बीमा योजना में 27% हिस्सेदारी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]