Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Elections 2023: विधानसभा चुनाव खातिर BJP के पहिला सूची; मध्य प्रदेश के 39, छत्तीसगढ़ के 21 उम्मीदवारन के एलान

आवे वाला महीनन में देस के पांच राज्यन छत्तीसगढ़, मध्य प्रदेश, राजस्थान, तेलंगाना आ मिजोरम में चुनाव होखे के बा। भाजपा खाली मध्य प्रदेश में सत्ता में बिया। राजस्थान आ छत्तीसगढ़ में कांग्रेस के सरकार बा, जबकि तेलंगाना में बीआरएस सत्ता में बिया।

1,759

भाजपा विधानसभा चुनाव के मद्देनजर मध्य प्रदेश के 39 आ छत्तीसगढ़ के 21 उम्मीदवारन के एलान कs देले बिया। दुनो राज्यन में एही साल चुनाव हाेखे के बा। विधानसभा चुनाव के एलान से पहिलही पहिला सूची के घोषणा कs के भाजपा आपन आक्रामक रणनीति साफ कs देले बिया। एकरा पहिले भाजपा के केंद्रीय चुनाव समिति के बैठक बुध के नई दिल्ली के पार्टी मुख्यालय में आयोजित भइल रहे। मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान आ छत्तीसगढ़ के पूर्व मुख्यमंत्री रमन सिंह बैठक के दौरान विचार-विमर्श में भाग लेले रहे लो।

देर रात तक चलल बैठक में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव आ राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा सहित भाजपा के कइयन बड़ नेता सामिल भइल रहे लो। एह दौरान मध्य प्रदेश आ छत्तीसगढ़ के चुनाव तइयारियन के जायजा लिहल गइल रहे। सीईसी सदस्य आगामी विधानसभा चुनावन में पार्टी के तइयारियन के समीक्षो कइले रहे लो।

हारल सीटन पs उम्मीदवारन के एलान

भाजपा दुनो राज्यन में जवना 60 सीटन पs उम्मीदवारन के एलान कइले बिया। ओह सब पs पार्टी के पिछला विधानसभा चुनाव माने 2018 में हार के सामना करे के पड़ल रहे। मध्य प्रदेश के 39 सीटन में से 38 पs कांग्रेस आ एक पs बसपा जीत दर्ज कइले रहे। एही तरे छत्तीसगढ़ में 21 में से 20 पs कांग्रेस आ एक पs अजीत जोगी के जीत हासिल भइल रहे।

मध्य प्रदेश के 39 सीटन पs घोषित उम्मीदवारन के नाम

उम्मीदवार के नाम विधानसभा सीट
सरला विरेंद्र रावत सबलगढ़
अदल सिंह कंसाना सुमावली
लाल सिंह आर्य गोहद
प्रीतम लोधी पिछोर
प्रियंका मीणा चाचौड़ा
जगन्नाथ रघुवंशी चंदेरी
वीरेंद्र सिंह लंबरदार बंडा
कामाख्या प्रसाद सिंह महाराजपुर
ललिता यादव छतरपुर
लखन पटेल पथरिया
राजेश कुमार वर्मा गुनौर
सुरेंद्र सिंह गहरवार चित्रकूट
हीरासिंह श्याम पुष्पराजगढ़
धीरेंद्र सिंह बड़वारा
नीरज ठाकुर बरगी
अंचल सोनकर जबलपुर पूर्व
ओमप्रकाश धुर्वे शहपुरा
डॉ. विजय आनंद मरावी बिछिया
भगत सिंह नेताम बैहर
राजकुमार कर्राये लांजी
कमल मस्कोले बरघाट
महेंद्र सिंह चौहान गोटेगांव
नानाभाऊ मोहोड सौंसर
प्रकाश उइके पांढुर्ना
चंद्रशेखर देशमुख मुलताई
महेंद्र सिंह चौहान भैंसदेही
आलोक शर्मा भोपाल उत्तर
ध्रुव नारायण सिंह भोपाल मध्य
राजेश सोनकर सोनकच्छ
राजकुमार मेव महेश्वर
आत्माराम पटेल कसरावद
नागर सिंह चौहान अलीराजपुर
भानू भूरिया झाबुआ
निर्मला भूरिया पेटलावद
जयदीप पटेल कुक्षी
कालू सिंह ठाकुर धरमपुरी
मधु वर्मा राऊ
ताराचंद गोयल तराना
सतीश मालवीय घट्टिया

 

90 विधानसभा सीटन पs सिलसिलेवार चरचा के बाद फैसला

सीईसी में छत्तीसगढ़ पs चरचा भइल रहे। एह दौरान राज्य के 90 विधानसभा सीटन पs सिलसिलेवार से चर्चा कइल गइल। छत्तीसगढ़ के लेके करीब दु घंटा बातचीत भइल। एकरा बाद मध्यप्रदेश पs चरचा कइल गइल। पार्टी आला कमान मुख्य रूप से कमजोर सीटन पs केंद्रित रहे।

छत्तीसगढ़ के 21 सीटन पs घोषित उम्मीदवारन के नाम

 

उम्मीदवार के नाम विधानसभा सीट
भूलन सिंह मरावी प्रेमनगर
लक्ष्मी राजवाड़े भटगांव
शकुंतला सिंह पोर्थे प्रतापपुर (अजजा)
रामविचार नेताम रामानुजगंज (अजजा)
प्रबोज भींज लुन्द्र (अजजा)
महेश साहू खरसिया
हरिश्चन्द्र राठिया धर्मजागढ़ (अजजा)
लखनलाल देवांगन कोरबा
प्रणव कुमार मरपच्ची मरवाही (अजजा)
सरला कोसरिया सरायपाली (अजा)
अलका चंद्राकर खल्लारी
इन्द्रकुमार साहू अभानपुर
रोहित साहू राजिम
श्रवण मरकाम सिहावा (अजजा)
देवलाल हलवा ठाकुर दौंडी लोहारा (अजजा)
विजय बघेल, सांसद पाटन
विक्रांत सिंह खैरागढ़
मनिराम कश्यप बस्तर (अजजा)
संजीव साहा मोहला मानपुर (अजजा)
आशाराम नेताम कांकेर (अजजा)
गीता घासी साहू खुज्जी

 

पांच राज्यन में होखे के बा चुनाव

दरअसल, आवे वाला महीनन में देस के पांच राज्यन छत्तीसगढ़, मध्य प्रदेश, राजस्थान, तेलंगाना आ मिजोरम में चुनाव होखे के बा। भाजपा खाली मध्य प्रदेश में सत्ता में बिया। राजस्थान आ छत्तीसगढ़ में कांग्रेस के सरकार बा, जबकि तेलंगाना में बीआरएस सत्ता में बिया।

626870cookie-checkElections 2023: विधानसभा चुनाव खातिर BJP के पहिला सूची; मध्य प्रदेश के 39, छत्तीसगढ़ के 21 उम्मीदवारन के एलान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.