[the_ad_group id="30365"]

हाई वोल्टेज ड्रामा के बीच प्रखंड प्रमुख, उप-प्रमुख के भइल चुनाव: रिविलगंज में तेज नारायण प्रमुख बनलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रिविलगंज प्रखंड प्रमुख आ उप प्रमुख खातिर बुध के चुनाव संपन्न भइल। प्रमुख पद पs तेज नारायण सिंह उर्फ गुड्डू सिंह आ उप प्रमुख पद पs अश्विनी कुमार यादव चुनल गइलें। सोमार के दुपहरिया बाद से चुनावी सरगर्मी के बीच अनुमंडल कार्यालय में प्रखंड प्रमुख के चुनाव संपन्न भइल। एह दौरान अनुमंडल कार्यालय के मुख्य गेट पs समर्थकन के जमावड़ा लागल रहल।

निर्वाची पदाधिकारी सह सदर अनुमंडल पदाधिकारी संजय कुमार राय के अध्यक्षता में रिक्त पदन पs निर्वाचन खातिर रिविलगंज के 11 निर्वाचित सदस्यन में से सात सदस्य उपस्थिति पंजी पs हस्ताक्षर कइल। निर्धारित समय तक चार सदस्य राहुल राज, अनिता देवी, राम बिहारी सिंह आ बबीता देवी सदर एसडीओ कार्यालय ना पहुंचल लो। एकरा  बाद निर्वाची पदाधिकारी उपस्थित सदस्यन के निर्वाचन प्रक्रिया से अवगत करवलें आ निर्वाचन कार्य के शांतिपूर्ण निष्पक्ष रूप से संपन्न करावे में सहजोग के अपेक्षा कइलें।

सर्वसम्मति से तेज नारायण सिंह उर्फ गुड्डू सिंह के प्रमुख चुनल गइल। निर्वाची पदाधिकारी तेजनारायण सिंह पद आ गोपनीयता के शपथ दिलवलें। उप प्रमुख पद खातिर सदर अनुमंडल कार्यालय परिसर में बहुत देर ले हाई वोल्टेज ड्रामा होत रहल।

एह पद खातिर दुगो उम्मीदवार अश्विनी कुमार यादव आ शिवजी मांझी के बीच नोक झोक होत रहल। मनावे के दौर चलल बाकिर दुनो प्रत्याशी अपना जिद पs अड़ल रहे लो। दुनो प्रत्याशियन के समर्थक लोग बीच के रास्ता निकाले के प्रयास कइल लो बाकिर ढाई बजे तक ओह लोग के सफलता ना मिलल।

नवनिर्वाचित प्रमुख बीच के रास्ता निकाले खातिर टॉस के सहारा लिहलें। एमे भाग्य अश्वनी कुमार यादव के साथ दिहल। सिक्का उनका पक्ष में उछलल। एकरा बादो शिवजी माझी चुनाव लड़े पs अडिग रहलें आ आपन नामांकन कइलें। बाकी शिवजी मांझी के नामांकन तकनीकी कारणन से रद्द कs दिहल गइल। अश्विनी कुमार यादवो नामांकन कइलें। एकमात्र अश्वनी यादव के नामांकन उप प्रमुख पद खातिर होखे के कारण उनका के निर्वाचित घोषित कs दिहल गइल।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]