[the_ad_group id="30365"]

आचार संहिता के बाद एक्शन में बा चुनाव आयोग,6 गो राज्यन के गृह सचिव हटवलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकसभा चुनाव से पहिले चुनाव आयोग बड़ कार्रवाई कईले बा। देश भर में आचार संहिता लागू भइला के बाद चुनाव आयोग गुजरात, उत्तर प्रदेश, बिहार, झारखंड, हिमाचल प्रदेश आ उत्तराखंड के गृह सचिव के हटा दिहले बा। एतने ना चुनाव आयोग पश्चिम बंगाल के डीजीपी के भी हटा दिहले बा। चुनाव आयोग एs मामिला में एगो आदेश जारी कईले बा। आदेश के मुताबिक आयोग मिजोरम अवुरी हिमाचल प्रदेश के महाप्रशासनिक विभाग के सचिव के भी हटा देले बा। एतने ना, सूत्र बतवले कि चुनाव आयोग बीएमसी यानी बृहन्मुंबई महानगरपालिका के आयुक्त इकबाल सिंह चहल, अपर आयुक्त अवुरी उपायुक्त के हटावे के आदेश भी देले बा।

हालांकि चुनाव आयोग के अधिकारी के खिलाफ कार्रवाई के तुरंत कवनो कारण ना बतावल गईल, लेकिन सूत्र के कहनाम बा कि इs बदलाव समान प्रतिस्पर्धा सुनिश्चित करे अवुरी चुनाव प्रक्रिया के अखंडता के कायम राखे खातीर कईल गईल बा। चुनाव आयोग सगरी राज्य सरकारन के निर्देश दिहले बा कि चुनाव से जुड़ल काम से जुड़ल ओह अधिकारी के तबादला कs देव जे तीन साल पूरा कs लिहले बाड़े भा अपना गृह जिला में बाड़े। बता दीं कि देश के 543 लोकसभा सीट पs 19 अप्रैल से 1 जून के बीच सात चरण में मतदान होखे वाला बा। वोट के गिनती 4 जून के होई।

साभार- time tv

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]