यूरोप आ अमेरिकी महाद्वीप के ई दुगो देश मेंं भूकंप के झटका, 6.1 l रहल तीव्रता

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2024

  यूरोप आ अमेरिकी महाद्वीप के दू गो देश में एगो तेज भूकंप महसूस भइल बा. अमेरिकी महाद्वीप के एगो देश अल साल्वाडोर में बुध के दुपहरिया में 6.1 तीव्रता के भूकंप आइल. ई जानकारी

Share

यूरोप आ अमेरिकी महाद्वीप के दू गो देश में एगो तेज भूकंप के झटका: फोटो

 

यूरोप आ अमेरिकी महाद्वीप के दू गो देश में एगो तेज भूकंप महसूस भइल बा. अमेरिकी महाद्वीप के एगो देश अल साल्वाडोर में बुध के दुपहरिया में 6.1 तीव्रता के भूकंप आइल. ई जानकारी अमेरिकी भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण के एगो रिपोर्ट में दिहल गइल बा। हालांकि अबे ले जान-माल के नुकसान के कवनो खबर नईखे मिलल। साल्वाडोर के राष्ट्रपति नायिब बुकेले सोशल मीडिया मंच ‘एक्स’ पs लिखले बाड़न कि ला लिबर्टाड के पश्चिमी इलाका के तट से 60 किलोमीटर दूर आइल एह भूकंप से एल साल्वाडोर के अधिकतर हिस्सा हिल गइल.

एह भूकंप के बाद दू गो अउरी भूकंप महसूस भइल जवना के तीव्रता 4.1 आ 4.5 रहल. पड़ोसी देश ग्वाटेमाला में भी भूकंप के भूकंप महसूस भइल। बुकेले के साझा रिपोर्ट के मुताबिक भूकंप के बाद सुनामी के कवनो खतरा ना रहे।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.