Earthquake: भूकंप के झटका से कांपल जम्मू-कश्मीर, जानीं केतना रहल तीव्रता

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 12, 2024

  कुछ समय से भारत के अलग-अलग राज्य के कुछ हिस्सा में भूकंप के घटना देखाई देता, जवना के चलते लोग डेरा गईल बाड़े। अब शुक के दुपहरिया में भी जम्मू-कश्मीर के धरती भूकंप के

Share

 

कुछ समय से भारत के अलग-अलग राज्य के कुछ हिस्सा में भूकंप के घटना देखाई देता, जवना के चलते लोग डेरा गईल बाड़े। अब शुक के दुपहरिया में भी जम्मू-कश्मीर के धरती भूकंप के झटका से हिल गईल। एह भूकंप के तेज कंपन लोग के डर से भरल बा। जानी एह भूकंप के तीव्रता का रहे आ एकर केंद्र कहाँ रहे?

तीव्रता केतना रहे?

जम्मू कश्मीर में आइल एह भूकंप के बारे में नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी के जानकारी दिहल गइल बा. जानकारी के मुताबिक जम्मू-कश्मीर में शुक के सबेरे 12.26 बजे भूकंप आईल। एकर केंद्र बारामूला में जमीन से 10 किलोमीटर दूर रहे। जम्मू कश्मीर में आइल एह भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 4.1 नापल गइल बा.

लद्दाख में भूकंप के झटका

दूसर ओर शुक के आधा रात के केंद्र शासित प्रदेश लद्दाख के लेह में भी भूकंप के झटका महसूस भईल। नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी के मुताबिक लद्दाख में सबेरे 2.02 बजे इs भूकंप के झटका महसूस भईल। भूकंप के केन्द्र लेह में जमीन से 20 किलोमीटर नीचे रहे। लेह में आइल एह भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 3.6 नापल गइल बा.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.