भूकंप मचवलस तिब्बत में तबाही, अब ले कम से कम 9 लोगन के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 7, 2025

मंगल के सबेरे नेपाल आ तिब्बत के सीमा के लगे आइल भयंकर भूकंप के चलते धरती काँप गइल.  एह भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 7.1 नापल गइल बा।  भूकंप के तीव्रता के अंदाजा एs

Share

भूकंप मचवलस तिब्बत में तबाही

मंगल के सबेरे नेपाल आ तिब्बत के सीमा के लगे आइल भयंकर भूकंप के चलते धरती काँप गइल.  एह भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 7.1 नापल गइल बा।  भूकंप के तीव्रता के अंदाजा एs बात से लगावल जा सकता कि इs भूकंप बिहार, यूपी, दिल्ली एनसीआर, बंगाल समेत भारत के बहुत राज्य में महसूस भईल।  एकरे साथ ही एह भूकंप के कारण चीन प्रशासित तिब्बत में तबाही के खबर भी बा।

इहो पढ़ीं: Gorakhpur: चिड़ियाघर के लगे शव रखके कइले जाम, ब्रह्मभोज में भइल विवाद में धर्मेंद्र के चल गइल जान

चीन के ओर से जारी जानकारी के मुताबिक मंगल के आईल तेज भूकंप के चलते तिब्बत क्षेत्र में कम से कम 9 लोग के मउत हो चुकल बा। एह आंकड़ा में भी बढ़ोतरी के उम्मीद बा।  चीन के स्थानीय मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक भूकंप में कुछ गांव के घर ढह गईल बा। भूकंप के केंद्र नेपाल के साथे हिमालयी सीमा के लगे सुदूर तिब्बती पठार में कइल गइल बा।

इहो पढ़ीं:दिल्ली-NCR, यूपी आ बिहार में कांपल धरती, पटना में भूकंप के झटका से घर के बाहर निकलले लोग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.