[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: चिड़ियाघर के लगे शव रखके कइले जाम, ब्रह्मभोज में भइल विवाद में धर्मेंद्र के चल गइल जान

गोरखपुर न्यूज़
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुलरिहा में भईल हत्या के बाद सोमार के जब धर्मेन्द्र निषाद के शव रामगढ़ ताल में उनुका घरे पहुंचल तs परिवार के लोग चिड़ियाघर के नजदीक सड़क जाम कs के हंगामा मचवले। शुक के दिने गुलरिहा में ब्रह्मभोज कार्यक्रम में विवाद के बाद धर्मेन्द्र निषाद पs आरोपी हमला कs दिहले. आरोप बा कि दु दिन पहिले ब्रह्मभोज के दौरान दुनो पक्ष के बीच बकझक भईल रहे।
तबे मामला मारपीट मे बदल गईल। एs दौरान दुनो ओर से गंभीर रूप से घाही लोग के इलाज खातीर मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गईल। बरगदही टोला महरीन में शनिचर के रात ब्रह्मभोज में शामिल होखे आइल एगो रिश्तेदार के गाँव के नवहियन से कुर्सी पs बइठला के चलते विवाद हो गइल. एकरा बाद कुछे दूर स्थित शराब के दोकान पs दुनो पक्ष के बीच मारपीट हो गईल।

एहमें एक तरफ के दू गो नवही गंभीर रूप से घवाहिल हो गइले. दुनु जने के मेडिकल कॉलेज में इलाज चलत रहे। एहमें खोराबर इलाका के रामगढ़ निवासी धर्मेन्द्र निषाद कोमा में रहले, उनुकर इलाज वेंटिलेटर से होत रहे। एही बीच अतवार के देर रात धर्मेन्द्र निषाद के निधन हो गईल। बतावल जाता कि बरगदही के एगो अवुरी बस्ती सिंहोरवा निवासी प्रॉपर्टी डीलर अनिल निषाद अवुरी उनुकर तीन चार दोस्त भी ब्रह्मभोज में शामिल होखे आईल रहले, जेकरा से विवाद भईल रहे।

आरोपी चौराहा पs स्थित दोकान पs देसी शराब पीये गईले। कुछ समय बाद बरगदही केवटान निवासी बहादुर निषाद के संगे धर्मेन्द्र निषाद दोकान के नजदीक पहुंचले। उहाँ देख के दोसरा तरफ के लोग बहस करे लागल। दुनों दल के बीच भईल बकझक के दौरान अनिल निषाद के संगे आईल युवक धर्मेंद्र अवुरी बहादुर के लगे में राखल ईंट से जानलेवा हमला कs देले रहले।

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: पाचन क्रिया होई दुरुस्त, करीं दूर इs तीन गो yoga

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]