म्यांमार में फेर आइल भूकंप, देर रात में दु बेर हिलल धरती

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 19, 2025

म्यांमार के धरती एक बेर फेर भूकंप से  धरती से हिल गईल। बियफे का रात म्यांमार के कई इलाका में भूकंप के झटका महसूस भइल. नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी (एनसीएस) के मुताबिक म्यांमार में शुक

Share

म्यांमार में फेर आइल भूकंप

म्यांमार के धरती एक बेर फेर भूकंप से  धरती से हिल गईल। बियफे का रात म्यांमार के कई इलाका में भूकंप के झटका महसूस भइल. नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी (एनसीएस) के मुताबिक म्यांमार में शुक के रात दुगो भूकंप आईल। पहिला भूकंप शुक के रात 11:04:6 बजे आईल। एह दौरान भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पर 3.6 नापल गइल। भूकंप के केन्द्र अक्षांश: 19.29 उत्तर, देशांतर: 96.34 पूर्व, पृथ्वी से 10 किलोमीटर नीचे रहे।

दूसरा भूकंप के केन्द्र 30 किलोमीटर गहराई पs रहे

दूसरा भूकंप म्यांमार में शुक के रात 11:31:23 बजे आईल। एनसीएस के कहनाम बा कि एs दौरान भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 3.7 नापल गईल। एह भूकंप के केन्द्र अक्षांश: 20.51 उत्तर, देशांतर: 96.12 पूर्व, जमीन से 30 किलोमीटर नीचे रहल। देर रात भईल भूकंप से लोग डेरा गईले। स्थानीय लोग घर से बाहर निकलल।

इहो पढ़ीं; सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.