अमेरिका के हवाई में तेज भूकंप के झटका, 5.7 रहे रिक्टर स्केल पs तीव्रता

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 10, 2024

  अमेरिका के हवाई में भूकंप के तेज भूकंप महसूस भइल बा। अमेरिकी भूकंप भूकंप वैज्ञानिक लोग के कहना बा कि हवाई में सूक के दिने एगो तेज भूकंप आइल बाकिर सुनामी के कवनो खतरा

Share

 

अमेरिका के हवाई में भूकंप के तेज भूकंप महसूस भइल बा। अमेरिकी भूकंप भूकंप वैज्ञानिक लोग के कहना बा कि हवाई में सूक के दिने एगो तेज भूकंप आइल बाकिर सुनामी के कवनो खतरा नइखे। अमेरिकी भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण के कहना बा कि 5.7 तीव्रता के ईs भूकंप हवाई के मुख्य दीप पाहाला के लगे आइल बा आ एकर केंद्र पृथ्वी के सतह से करीब 37 किलोमीटर (23 मील) नीचे बा। यूएसजीएस के हवाला से एगो वेबसाइट कहलस कि भूकंप पूरा मुख्य द्वीप में महसूस भईल। एजेंसी के कहना बा कि जान भा संपत्ति के नुकसान के संभावना कम बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.