Earth Day: पृथ्वी दिवस काहे मनेला, 22 अप्रैल के तारीख काहे चुनल गइल? इतिहास जान लीं

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 22, 2024

विश्व पृथ्वी दिवस 2024 : आज 22 अप्रैल के पूरा दुनिया में पृथ्वी दिवस मनावल जा रहल बा। पर्यावरण संरक्षण खातिर जागरूकता पैदा करे खातिर हर साल पृथ्वी दिवस मनावल जाला। पर्यावरण संरक्षण आ स्थायित्व

Share

विश्व पृथ्वी दिवस 2024 : आज 22 अप्रैल के पूरा दुनिया में पृथ्वी दिवस मनावल जा रहल बा। पर्यावरण संरक्षण खातिर जागरूकता पैदा करे खातिर हर साल पृथ्वी दिवस मनावल जाला। पर्यावरण संरक्षण आ स्थायित्व के महत्व के बारे में बतावे खातिर पृथ्वी दिवस मनावल जाला। एह दिन हमनी के पर्यावरणवादी लोग के माध्यम से ग्लोबल वार्मिंग के बारे में पता चलेला।

पृथ्वी दिवस पर्यावरण के बचावे के दिशा में काम करे खातिर जागरूकता बढ़ावेला आ प्रेरित करेला। इ दिन इहो याद दिलावत बा कि प्रकृति से हमनी के संबंध केतना गहिराह बा आ एकरा बिना इंसान के जीवन संभव नइखे।

विश्व पृथ्वी दिवस के शुरुआत कइसे भइल?

शांति कार्यकर्ता जॉन मैककोनेल पहिला बेर 1969 में यूनेस्को सम्मेलन में विश्व पृथ्वी दिवस मनावे के प्रस्ताव रखले रहले। एह दिन के मनावे के सबसे महत्वपूर्ण मकसद धरती के सम्मान देवे के रहे। सबसे पहिले त संयुक्त राज्य अमेरिका 22 अप्रैल 1970 के पहिला पृथ्वी दिवस मनवलस। डेनिस हेस 1990 में एह दिन के वैश्विक स्तर प मनावे के प्रस्ताव रखले रहलें। 2016 में पृथ्वी दिवस जलवायु संरक्षण खातिर समर्पित रहे। वर्तमान में पृथ्वी दिवस के नेटवर्क 190 देस सभ में 20,000 साझेदार आ संगठन सभ में बिस्तार लिहले बा। एह साल के थीम प्लैनेट v/s प्लास्टिक बा।

विश्व पृथ्वी दिवस काहे मनावल जाला?

आज के दिन लाखों लोग एकजुट होके पेड़ काटला जइसन धरती के नुकसान पहुंचावे वाला मुद्दा प चर्चा करेले। एह मौका प पूरा दुनिया में तरह तरह के कार्यक्रम के आयोजन भी होला। पृथ्वी दिवस मनावे के मकसद धरती के महत्व के बारे में लोग के जागरूक बनावल बा। एकरा संगे-संगे एकरा के हरियर आ सुंदर राखे खातीर कवन-कवन कदम उठावल जाता, एकरा बारे में भी चर्चा हाेखेला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.