Dubai Gold Smuggling : बड़ चालाकी से दुबई से 2 किलो से जादे सोना ले आवत रहे तस्कर, IGI एयरपोर्ट पs AIU टीम के पकड़लस

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 19, 2026

नई दिल्ली। इंदिरा गांधी इंटरनेशनल (IGI) एयरपोर्ट पs कस्टम विभाग के एयर इंटेलिजेंस यूनिट (AIU) टीम विशेष खुफिया सूचना आ प्रोफाइलिंग के आधार पs सोना तस्करी के ममिला पकड़ले बिया। 18 आ 19 सितंबर के

Share

IGI Airport Dubai Gold Smuggling Case

नई दिल्ली। इंदिरा गांधी इंटरनेशनल (IGI) एयरपोर्ट पs कस्टम विभाग के एयर इंटेलिजेंस यूनिट (AIU) टीम विशेष खुफिया सूचना आ प्रोफाइलिंग के आधार पs सोना तस्करी के ममिला पकड़ले बिया। 18 आ 19 सितंबर के रात दुबई से EK-514 फ्लाइट से दिल्ली पहुंचल एगो महिला आ एगो पुरुष यात्री पs अधिकारियन के शक भइल। एह दुनो यात्रियन के फ्लाइट गेट से निगरानी में रखल गइल।

तस्कर के लगे से 11 गोल्ड बार बरामद

बाद में बेल्ट नंबर 12-13 के लगे वॉशरूम के बाहर दुनो यात्रियन के बातचीत करत देखल गइल। एकरा बाद ग्रीन चैनल से बाहर निकलत घरी दुनो के रोक के जांच कइल गइल।

जांच के दौरान महिला यात्री के सामान आ DFMD जांच में कुछ संदिग्ध ना मिलल। हालांकि, पुरुष यात्री के DFMD में तेज बीप के आवाज आइल। तलाशी लेला पs ओकरा लगे से 11 गो गोल्ड बार बरामद भइल। बरामद सोना के कुल वजन 2,168 ग्राम माने करीब 2.17 किलोग्राम रहल। एमे 10 गोल्ड बार 10-तोला के आ एगो बार 1 किलोग्राम के रहे।

कस्टम एक्ट के तहत कार्रवाई

कस्टम विभाग सोना जब्त कs के दुनो यात्रियन के खिलाफ Customs Act, 1962 के तहत कार्रवाई सुरू कs देले बा। ममिला में आगे के जांच जारी बा।

सोना बनावे वाला केमिकल पेस्ट के तस्करी

एकरा से पहिले दिल्ली एयरपोर्ट पs एगो बांग्लादेशी नागरिक के सोना बनावे वाला केमिकल पेस्ट के तस्करी के आरोप में पकड़ल गइल रहे। ऊ अपना अंडरगारमेंट्स में केमिकल पेस्ट से भरल करीब 1.5 किलोग्राम वजन के तीन कैप्सूल छिपा के लेके आवत रहे।

अंडरगारमेंट्स में छिपवले रहे तीन गो अंडाकार कैप्सूल

दरअसल, इंटरनेशनल ट्रांजिट एरिया में CISF के अधिकारी जांच के दौरान यात्री के रोकल लोग। गहन जांच में बांग्लादेशी नागरिक के अंडरगारमेंट्स में भूरा-सफेद रंग के तीन अंडाकार कैप्सूल मिलल। एह कैप्सूल में केमिकल पेस्ट के रूप में सोना होखे के शक रहे। पैकिंग सहित एकर कुल वजन करीब 1,596 ग्राम रहे।

केमिकल पेस्ट से बरामद भइल 1,346 ग्राम सोना

बांग्लादेशी नागरिक के ऑफलोड कs के टर्मिनल-3 के इंटरनेशनल अराइवल हॉल इस्थित कस्टम्स प्रिवेंटिव ऑफिस ले जाइल गइल। केमिकल पेस्ट से सोना निकाले के प्रक्रिया पूरा भइला के बाद 1,346 ग्राम वजन के सोना बरामद भइल। सोना के दूगो आयताकार छड़ के रूप में रिकवर कइल गइल।

Read Also: Dubai Gold Smuggling : बड़ चालाकी से दुबई से 2 किलो से जादे सोना ले आवत रहे तस्कर, IGI एयरपोर्ट पs AIU टीम के पकड़लस

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.