[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र: नशेड़ी ट्रक ड्राइवर फुटपाथ पs सुतत 9 लोगन के कुचलस

पुणे में बड हादसा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के पुणे में अतवार के आधा रात में एगो भयानक सड़क दुर्घटना भईल, जवना में दु बच्चा समेत तीन लोग के मौका पs मउत हो गईल। एगो सड़क दुर्घटना में बतावल जाता कि पुणे में फुटपाथ पs सुतल 9 लोग के नशा में धुत्त ड्राइवर अपना ट्रक से कुचल दिहलस, जवना में तीन लोग के मौका पs मौत हो गईल।  एह हादसा से पूरा इलाका में सनसनी फइल गइल बा. नौ लोग में से तीन लोग के मौत हो गइल बा आ छह लोग घवाहिल हो गइल बा जवना के ससून जनरल अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा आ इलाज चलत बा. 

बतावल जात बा कि अतवार के रात करीब साढ़े बारह बजे वाघोली के केसनंद फाटा इलाका में दुर्घटना भइल जहाँ एगो ट्रक चालक फुटपाथ पs सुतल लोग के कुचल दिहलस.  मरेवाला लोग के पहचान वैभवी पवार (1), वैभव पवार (2) अवुरी विशाल पवार (22) के रूप में भईल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]