[the_ad_group id="30365"]

नशेड़ी बदमाश गेटमैन के पीटके कइलें सs जख्मी : रेलवे फाटक जल्दी खोलला पs भइल झड़प, बाइक छोड़के आरोपी फरार, RPF कइलस जब्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा बलिया रेल खण्ड के 51ए रेलवे फाटक पs तैनात गेटमैन पs तीन मनचला नशेड़ी गेट में घुसके हमला कs देलें सs, जेमे गेटमैन गम्भीर रूप से घायल हो गइलें। मनचलन के मारपीट से गेटमैन के माथा फट गइल बा। स्थानीय लोगन के हल्ला मचवला पs तीनो मनचला बाइक छोड़के फरार हो गइलें सs।

मवका पs पहुंचल रेल पुलिस बाइक के जप्त कs के घायल गेटमैन के अस्पताल भेज देलस। बतावत चलीं कि रेलवे कावर से नया तकनीक के अनुसार बंद रेल फाटक गाड़ी गुजरला के बाद अगिला एक मिनट बाद खुलत बा। जवना कारण भइल देरी पs हीरो स्पलेंडर प्लस बाइक पs सवार नशा में धुत बदमाश गाली-गलौज करत गेट के भीतरी घुसके गेटमैन के संगे मारपीट करे लगलें सs।

30 मिनट तक बंद रहल रेलवे फाटक

जवना कारण गेटमैन के माथा फाट गइल आ ऊ घायल हो गइलें। ओहिजा, बंद गेट के लगे खड़ा आउर लोगन के ओर से हल्ला मचवला पs तीनो जुवक बाइक छोड़ मवका से फरार हो गइलें। जइसे-तइसे घायल गेटमैन के गमछा से फटल माथा के बान्हल गइल आ एकरा सूचना छपरा जंक्शन रेल प्रशासन के दिहल गइल।

एह दौरान करीब 30 मिनट से जादे समय तक गेट बंद रहल। जवना के बाद मवका पs पहुंचल आरपीएफ आ रेल पुलिस के जवान घायल गेटमैन से पूछताछ के बाद उनका के तत्काल अस्पताल में भर्ती करावल लो। ओहिजा, बदमाशन के बाइक के रेल पुलिस के जवान जब्त कs के अपना संगे रेल थाना ले गइल लो।

जल्दिये आरोपी होइहें सs गिरफ्तार

आरपीएफ प्रभारी मुकेश कुमार सिंह बतवलें कि बाइक सवार तीन बदमाश 51A रेल फाटक पs तैनात संतोष पाल नामक गेटमैन के संगे मारपीट के घटना के अंजाम देले बाडें सs। आरपीएफ के जवान एकर सूचना मिलतही मवका पs पहुंच के घायल गेटमैन के अस्पताल में भर्ती करवले बा लो। ओहिजा, घायल के बयान आ जब्त बाइक के आधार पs जांच सुरू कs दिहल गइल बा। जल्दिये आरोपियन के पकड़ लिहल जाई।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]