हिट-एंड-रन ममिला में चालक लोग आगजनी कs के कइल लो प्रदर्शन: केंद्र सरकार से कानून के वापस लेवे के मांग, बोललें- ई हमार उत्पीड़न

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 2, 2024

छपरा। छपरा में मंगर के लगातार दूसरका दिन ट्रक संचालक आ चालक लोग मुख्य मार्ग पs आगजनी करत आवागमन के बाधित कs देले बा लो। मंगर के सबेरही मुफस्सिल थाना क्षेत्र के मुसेहरी फोर लाइन

Share

छपरा। छपरा में मंगर के लगातार दूसरका दिन ट्रक संचालक आ चालक लोग मुख्य मार्ग पs आगजनी करत आवागमन के बाधित कs देले बा लो। मंगर के सबेरही मुफस्सिल थाना क्षेत्र के मुसेहरी फोर लाइन चौक पs जाम करत आवागमन के ठप कs दिहल गइल बा। मुख्य सड़क मार्ग पs आगजनी कइल जाये से चारो तरफ वाहनन के लमहर कतार लग गइल बा।

मुसेहरी चौक से सबसे व्यस्तम चौक में से एगो बा। जहां आवागमन बाधित रहे से आम राहगीरन के खासा परेसानी के सामना करे के पड़ रहल बा। प्रदर्शनकारियों कावर से केंद्र सरकार के ओर से हिट एंड रन ममिला में संशोधित कानून के विरोध कइल जा रहल बा। ओहिजा ट्रक संचालक के कहनाम बा कि ई कानून बहुते नाइंसाफी वाला कानून बा। केंद्र सरकार के एह कानून के वापस लेवे के चाहीं।

मशरख में प्रदर्शन के संगे आगजनी

ट्रक चालकन के ओर से मशरक थाना क्षेत्र के महाराणा प्रताप चौंक पs सबेरे सड़क पs टायर जला शीतलपुर मशरक एस एच 73 आ छपरा मशरक एस एच 90 के जाम करत आपन विरोध दर्ज करवलें। ट्रक चालकन के कहनाम बा कि एतना जुर्माना होखे से ट्रक चालकन के लगे पईसा ना होई तs ऊ कइसे जमानत लेके बाहर होई।

विरोध में चक्का जाम करत, कानून वापस लिहल जाये के मांग उठावल गइल। चालक कहल लो कि एसे ट्रांसपोर्ट कारोबार पूरा तरे से बर्बाद हो जाई। वे दिन रात कड़ी मेहनत कर परिवार का खर्चा चलाते हैं। अब एह कानून से ऊ कहां से एतना बड़ जुर्माना दे सकी लो। ई सीधा-सीधा हमनी के उत्पीड़न हs।

परसा में मुख्य सड़क पs आगजनी से यातायात बाधित

ट्रक संचालक आ चालकन के विरोध परसा में देखे के मिलल। जवना के विरोध में चालक छपरा मुजफ्फरपुर एनएच 722 आ सीवान सितलपुर एसएच 73 पs भेल्दी थाना क्षेत्र के सोनहो चौक पs टायर जलाके केंद्र सरकार के खिलाफ नारेबाजी कइलस। ओहिजा सड़क के जाम कs के यातायात बाधित कs दिहल गइल। जाम के सूचना पs भेल्दी थाना पहुंच जाम के हटावे के प्रयास में जुटल बिया, बाकिर प्रदर्शनकारी कुछो सुने के तइयार नइखे लो।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.