Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

झारखंड भाजपा कार्यालय के कर्मचारियन के बनल ड्रेस कोड

झारखंड भाजपा कार्यालय के कर्मचारी जल्दिए ड्रेस में देखाई देवे लगीहें । ई नीला रंग के सफारी सूट होई। शर्ट के कॉलर आ जेब पs नारंगी रंग के पट्टी होखी। कर्मचारियन के दिहल हमेशा आपन पहचान पत्र गर्दन में लटकवले राखे के पड़ी। नाम के संगे पहचान पत्र पs मोबाइल नंबर भी रही।

737

 

झारखंड भाजपा कार्यालय के कर्मचारी जल्दिए ड्रेस में देखाई देवे लगीहें । ई नीला रंग के सफारी सूट होई। शर्ट के कॉलर आ जेब पs नारंगी रंग के पट्टी होखी। कर्मचारियन के दिहल हमेशा आपन पहचान पत्र गर्दन में लटकवले राखे के पड़ी। नाम के संगे पहचान पत्र पs मोबाइल नंबर भी रही। हर कर्मचारी के दू जोड़ी सफारी सूट दिहल जाई। एगो कमीज आधा बाहि के होई, जबकि दूसरका पूरा आस्तीन के होई। कमीज के बाईं ओर के साइड में एगो जेब होई, जवना पs बीजेपी अंग्रेजी में लिखल होइ। राज्य कार्यालय में घुसते रिसेप्शन पs बइठल कर्मचारी नमस्कार कह के संबोधित करीहें। केकरा से मिले के बा, कवन काम?आदि के बारे में जानकारी लेके ऊ आगंतुकन के समस्या के समाधान में योगदान दिही।

एकरा संगे महिला कर्मचारी के एकही रंग के दु जोड़ी साड़ी दिहल जाई। सभे 25 कर्मचारी के वर्दी बनावल गईल बा।

एकरा के कर्मचारी लोग के भी दिहल गईल बा। कर्मचारियन के निर्देश दिहल गइल बा कि ढीला ना लउके के चाहीं। चुस्त-दुरुस्त रहे के बा। आगंतुक आ मजदूरन के साथे उनकर व्यवहार पॉजिटिव होखे के चाहि। आ एगो सहयोगी जइसन होखे के चाहीं। सबके इ निर्देश दिहल गईल कि एक बेर वर्दी प्रणाली लागू हो गइला का बाद ना कुर्ता-पजामा भा जींस-शर्ट भा टी-शर्ट पहिन के ऑफिस जाए के बा। शायद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जन्मदिन पs ई व्यवस्था 17 सितंबर से लागू हो जाई। हालांकि तारीख के लेके पार्टी के अधिकारी कुछ साफ-साफ ना बतवले। लेकिन, उ एकरा के जल्दिए लागू करे के संकेत दिहले बा।

झारखंड पहिला राज्य बा जहवां भाजपा के राज्य कार्यालय में ड्रेस कोड लागू बा।

पार्टी के नेता दावा कईले बाड़े कि झारखंड के राज्य कार्यालय देश में पहिला कार्यालय बा, जहां इ नियम लागू भईल बा। केंद्रीय संगठन के निर्देश बा कि राज्य कार्यालय के सभ कर्मचारी के वर्दी होखे के चाही। हालांकि एकरा खातीर कवनो खास रंग के जिक्र नईखे भईल। राज्य के अधिकारी के बैठक में नीला रंग के फैसला भईल अवुरी ओकरा मुताबिक वर्दी तैयार कईल गईल।

कर्मचारी लोग रंग पs आपत्ति जतवले, कहले- जूता भी होखे के चाहीं

कुछ कर्मचारी ड्रेस के रंग के चयन पs आपत्ति जतवले बाड़े। उनुकर कहनाम बा कि इ रंग आकर्षक ना लागेला। उ कहले कि जब केहु फिट रहे के चाहता त वर्दी के संगे जूता भी होखे के चाही। ए बारे में पूछला पs पार्टी के नेता मान लिहले कि हाँ जूता भी जरूरी बा। बाकिर फिलहाल त एह कर्मचारियन के अपना जूता से काम करे के पड़ी।

 

 

639490cookie-checkझारखंड भाजपा कार्यालय के कर्मचारियन के बनल ड्रेस कोड

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.