Dream Girl 2 Collection Day 4: सोमार के लोगन के थिएटर तक ना ले आ पवली ‘अनन्या’, गिरल ‘ड्रीम गर्ल 2’ के कलेक्शन

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2023

Dream Girl 2 Collection Day 4: आयुष्मान खुराना आ अनन्या पांडे के फिल्म ‘ड्रीम गर्ल 2’ के बॉक्स ऑफिस पs सुरुआत बहुते सानदार रहे। ई फिल्म डबल डिजिट से ओपनिंग कइलस। वीकेंड तक ई रोमांटिक

Share

Dream Girl 2 Collection Day 4: आयुष्मान खुराना आ अनन्या पांडे के फिल्म ‘ड्रीम गर्ल 2’ के बॉक्स ऑफिस पs सुरुआत बहुते सानदार रहे। ई फिल्म डबल डिजिट से ओपनिंग कइलस। वीकेंड तक ई रोमांटिक कॉमेडी फिल्म आपन पकड़ के मजबूत बनाके रखलस।

अतवार तक फिल्म के कुल कमाई लगभग 40.71 करोड़ के आसपास पहुंच चुकल रहे। हालांकि, मंडे के वर्किंग डे के फिल्म पs गहिराह असर देखे के मिलल। ‘ड्रीम गर्ल 2’ के कलेक्शन में सोमार के भारी गिरावट आइल। चलीं जानल जाव कि ई फिल्म अब तक घरेलू बॉक्स ऑफिस आ वर्ल्डवाइड केतना कमाई कइले बिया।

ढिमला के सिंगल डिजिट पs पहुंचल ‘ड्रीम गर्ल 2’

‘ड्रीम गर्ल’ आयुष्मान खुराना के करियर में सबसे सफल फिल्मन में से एगो हs। एकता कपूर के बालाजी बैनर तले बनल फिल्म ‘ड्रीम गर्ल 2’ के उनका करियर के अइसन फिल्म हs, जवन डबल डिजिट से ओपनिंग लेलस। सोमार के ई फिल्म लुढ़क के डबल डिजिट से सिंगल डिजिट पs आ गइल बिया।

अतवार के 16 करोड़ के सिंगल डे कमाई करे वाली आयुष्मान खुराना आ अनन्या पांडे स्टारर फिल्म सोमार के सिंगल डे पs 4.7 करोड़ के कमाई कइले बिया। सैनलिक.कॉम के रिपोर्ट के मोताबिक ई फिल्म घरेलू बॉक्स ऑफिस पs अभी ले 45.41 करोड़ के टोटल बिजनेस कइले बिया।

ड्रीम गर्ल 2 टोटल कलेक्शन 4 डेज

  • सुक- 10.69 करोड़
  • सनीचर – 14.02 करोड़
  • अतवार – 16 करोड़
  • सोमार- 4.7 करोड़
  • टोटल कलेक्शन इंडिया- 45.41 करोड़

वर्ल्डवाइड अब तक ‘ड्रीम गर्ल 2’ कs लेले बिया एतना कमाई

आयुष्मान खुराना आ अनन्या पांडे स्टारर ड्रीम गर्ल 2 के सोमार के इंडिया में कमाई में भारी गिरावट आइल, बाकिर वर्ल्डवाइड फिल्म के रफ्तार बढ़ गइल बा। तीन दिन माने कि वीकेंड तक टोटल 34 करोड़ के कलेक्शन करे वाली ई फिल्म सोमार तक दुनियाभर में टोटल 55 करोड़ के करीब बिजनेस कइलस।

‘ड्रीम गर्ल 2’ के निर्देशन राज शांडिल्य कइले बाड़ें। एह फिल्म के स्टारकास्ट के बात करीं तs एमे परेश रावल, विजय राज, राजपाल यादव, अन्नू कपूर आ अभिषेक बनर्जी अहम भूमिका निभवले बा लो। फिल्म में पहिला बेर लोगन के अनन्या-आयुष्मान के जोड़ी फिल्मी परदा पs देखे के मिलल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.