डोनाल्ड ट्रंप के अमेरिका के नया राष्ट्रपति चुन लिहल गइल बा। ऊ अगिला साल 20 जनवरी के शपथ लिहें। बाकिर, एकरा पहिले ऊ अपना टीम के गठन करे में जुट गइल बाड़ें। ऊ टीम में कवनो नया चेहरा के मवका दिहल गइल बा। एमे दिग्गज कारोबारी एलन मस्क से लेके उद्यमी विवेक रामास्वामी आ न्यूज एंकर पीट हेगथा जइसन नया नामन के मवका मिलल बा। आईं जानल जाव कि आखिर ट्रंप के दूसरका कार्यकाल में उनका टीम में के-के सामिल होखे जा रहल बा।
न्यूज एंकर के बनवलें रक्षा मंत्री
डोनाल्ड ट्रंप के टीम में फॉक्स न्यूज के एंकर पीट हेगथा के जगह दिहल गइल बा। ट्रंप मंगर के एलान कइलें कि ऊ सेना के अनुभवी हेगथा के रक्षा मंत्री बनावे जा रहल बाड़ें। ओहिजा, स्टीवेन विटकॉफ के मिड ईस्ट के प्रतिनिधि नियुक्त कइल गइल बा। उनका ईराक आ अफगानिस्तान युद्ध के तजुर्बो बा। ट्रंप के ई चुनाव परंपरा से हटके मानल जा रहल बा। पीट हेगसेथ ट्रंप के समर्थक मानल जात रहल बाड़ें।
नव निर्वाचित राष्ट्रपति कहलें, हमरा ई घोषणा करत गरब हो रहल बा कि हम रक्षा मंत्री के रूप में अपना मंत्रिमंडल में सेवा करे खातिर पीट हेगथा के चुनले बानी। ऊ आपन पूरा जिनगी सैनिकन आ देस खातिर एगो योद्धा के रूप में बितवले बाड़ें। ऊ सख्त, होशियार आ अमेरिका पहिले में विश्वास करेलें। उनका नेतृत्व में अमेरिका के दुश्मन सतर्क रही लो।’ ऊ आगे कहलें, ‘हमनी के सेना फेर से महान होई आ अमेरिका काहे पीछे ना हटी।
एलन मस्क के होई एंट्री
डोनाल्ड ट्रंप अपना नया टीम में अपना खास दोस्त एलन मस्क तक के जगह देले बाड़ें। राष्ट्रपति चुनाव जीतला के बाद दिहल अपना पहिला भाषण में ट्रंप ई साफ कs देले रहस कि ऊ एलन मस्क के नया सरकार में कवनो बड़ जिम्मेदारी दे सकत बाड़ें। ऊ अपना पहिला भाषण में मस्क आ उनकर कंपनी स्पेसएक्स के जमके तारीफ कइले रहस। दिग्गज कारोबारी विवेक रामास्वामी के संगे सरकारी दक्षता विभाग (डीओजीई) के नेतृत्व करिहें।
ट्रंप कहलें कि मस्क आ रामास्वामी सरकारी नौकरशाही के खत्म करे, अनावश्यक रेग्युलेशन के कम करे आ खर्चन में कटौती कइला के संगे संघीय एजेंसियन के पुनर्गठन खातिर काम करी लो। बता दीं, एलन मस्क सुरुआते से ट्रंप के प्रशंसक रहल बाड़ें। चुनाव प्रचार के दौरान दुनो के बीच दोस्ती देखल गइल रहे। चुनाव जीतला के बाद ट्रंप एलन मस्क के तारीफ करत कहले रहस, ‘हमनी के लगे नया रॉकस्टार बाड़ें। ऊ दु हफ्ता तक हमरा संगे प्रचार कइलस। हम मस्क से बहुते प्यार करेनी, ऊ सानदार इंसान बाड़ें।’
दक्षिण डकोटा के गर्वनर क्रिस्टी नोएम बनली होमलैंड सुरक्षा सचिव
रॉयटर्स के रिपोर्ट के मोताबिक नवनिर्वाचित राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप दक्षिण डकोटा के गर्वनर क्रिस्टी नोएम के नया होमलैंड सुरक्षा सचिव बनवले बाड़ें।
क्रिस्टी नोएम 2018 में पहिला बेर दक्षिण डकोटा के पहिला महिला गर्वनर बनल रहली। 2018 के चुनाव में उनका के तत्कालीन राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के समर्थन मिलल रहे। गर्वनर के तौर पs ऊ कोविड के दौरान मास्क पहिने के आदेस के लागू करे से मना कs देले रहली। होमलैंड सुरक्षा विभाग में नोएम हाले में अमेरिका के बॉर्डर जार चुनल गइल टॉम होमन के संगे काम करिहें। बॉर्डर जार अमेरिकी प्रशासन के शीर्ष पदाधिकारियन में से एगो होला। एकरा के देस के सीमा सुरक्षा नीतियन आ आव्रजन से जुड़ल ममिलन में समन्वय खातिर नियुक्त कइल जाला।
सीआईए के निदेशक एह शख्स के बनवलें
डोनाल्ड ट्रंप राष्ट्रीय खुफिया के पूर्व निदेशक जोहान रैटक्लिफ के केंद्रीय खुफिया एजेंसी (सीआईए) के निदेशक के रूप में चुनले बाड़ें।
मैकगिनले के अहम जिम्मेदारी
एकरा अलावे, ट्रंप विलियम जोसेफ मैकगिनले के आपन व्हाइट हाउस काउंसल नियुक्त करे के घोषणा कइले बाड़ें।
ली जेल्डिन के सउपलें ईपीए के जिम्मेदारी
डोनाल्ड ट्रंप अपना एगो समर्थक ली जेल्डिन के पर्यावरण संरक्षण एजेंसी (ईपीए) के पुनर्गठन के जिम्मेदारी देले बाड़ें। ट्रंप एह एजेंसी के सख्त नियमन के खत्म करे के वादा चुनाव प्रचार में कइले रहस।
चुनाव में ट्रंप के मिलल बा जीत
गौर करे वाला बात कि अमेरिका में भइल राष्ट्रपति चुनाव में रिपब्लिकन प्रत्याशी डोनाल्ड ट्रंप के 50.3 फीसदी वोट के संगे कुल 312 इलेक्टोरल कॉलेज वोट मिलल बा। उनकर प्रतिद्वंद्वी आ भारतवंशी डेमोक्रेट प्रत्याशी कमला हैरिस के खाली 226 इलेक्टोरल कॉलेज वोट (48.1 फीसदी वोट) मिलल बा। वोटन के संख्या के ममिला में देखल जावs तs ट्रंप के कुल 7.51 करोड़ से जादे वोट मिलल बा। कमला हैरिस के 7.18 करोड़ से जादे वोट मिलल बा।