PM मोदी के एगो अउरी इंटरनेशनल सम्मान, डोमिनिका राष्ट्रमंडल सर्वोच्च नेशनल अवॉर्ड से करी सम्मानित

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2024

  डोमिनिका राष्ट्रमंडल आपन सर्वोच्च राष्ट्रीय पुरस्कार डोमिनिका अवार्ड ऑफ ऑनर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के देबे के एलान कइले बा. ई पुरस्कार प्रधानमंत्री मोदी के 19-21 नवम्बर के गुयाना में भारत-कैरिकॉम शिखर सम्मेलन के दौरान

Share

 

डोमिनिका राष्ट्रमंडल आपन सर्वोच्च राष्ट्रीय पुरस्कार डोमिनिका अवार्ड ऑफ ऑनर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के देबे के एलान कइले बा. ई पुरस्कार प्रधानमंत्री मोदी के 19-21 नवम्बर के गुयाना में भारत-कैरिकॉम शिखर सम्मेलन के दौरान दिहल जाई. डोमिनिका राष्ट्रमंडल के अध्यक्ष सिल्वेनी बर्टन उनुका के सम्मानित करीहें.

ई सम्मान कोविड-19 महामारी के दौरान डोमिनिका के योगदान आ भारत सरकार के मजबूत साझेदारी के दर्शावत बा .

पीएम मोदी हमार सच्चा शुभचिंतक- डोमिनिका

डोमिनिका सरकार के कहनाम बा कि पीएम मोदी हमनी के सच्चा शुभचिंतक रहल बाड़े। कोविड-19 के दौरान फरवरी 2021 में प्रधानमंत्री मोदी डोमिनिका में एस्ट्राजेनेका कोविड-19 टीका के 70,000 खुराक सप्लाई कईले रहले। गंभीर स्वास्थ्य संकट के बीच हमनी के जरूरत के समय में उs हमनी के साथ देले। हमनी के सरकार हमनी के आभार व्यक्त करत बिया।

डोमिनिका राष्ट्रमंडल के कहल बा कि स्वास्थ्य अवुरी शिक्षा के संगे भारत के मोदी सरकार भी वैश्विक स्तर पs जलवायु परिवर्तन के लेके गंभीर चिंता जतवले बिया अवुरी एकर सुधार के पहल कईले बिया।

ध्यान देवे वाला बात बा कि प्रधानमंत्री मोदी जलवायु परिवर्तन अवुरी युद्ध जईसन वैश्विक चुनौती से निपटे में आपसी सहयोग के महत्व पS जोर देले बाड़े। पीएम मोदी एह मुद्दा के समाधान में डोमिनिका आ कैरेबियन के साथे काम करे के भारत के प्रतिबद्धता दोहरवले बाड़न.

 

,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.