सीट शेयरिंग से पहिले उद्धव ठाकरे के बड झटका, ई नेता पार्टी से दिहले इस्तीफा, अजित पवार के NCP के कइले ज्वाइन

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 21, 2024

  महाराष्ट्र के महाविकास अघाड़ी के भीतर सीट बंटवारा के लेके अबे ले कवनो बात नईखे भईल। शिवसेना (यूबीटी), कांग्रेस अवुरी राकांपा (सपा) के बीच एक दौर के बैठक चलता। एही बीच उद्धव ठाकरे के

Share

शिवसेना (UBT) के प्रमुख उद्धव ठाकरे

 

महाराष्ट्र के महाविकास अघाड़ी के भीतर सीट बंटवारा के लेके अबे ले कवनो बात नईखे भईल। शिवसेना (यूबीटी), कांग्रेस अवुरी राकांपा (सपा) के बीच एक दौर के बैठक चलता। एही बीच उद्धव ठाकरे के शिवसेना के बड़ झटका लागल बा।  ज्ञानेश्वर (मौली आबा) कटके उद्धव के पार्टी से इस्तीफा दे दिहले बाड़न. मतदान से कुछ दिन पहिले ज्ञानेश्वर अजीत पवार के राकांपा में शामिल हो गइल बाड़न.

महाविकास अघाड़ी में तनाव बढ़ गईल

महाराष्ट्र में सीट बंटवारा के लेके महाविकास अघाड़ी में तनाव बढ़ रहल बा। बइठक के बाद बइठक हो रहल बा बाकिर कवनो समाधान सामने नइखे आवत. जबकि उद्धव ठाकरे सीट के लेके राहुल गांधी के समस्या बढ़ा देले बाड़े। कांग्रेस के 24 घंटा के अल्टीमेटम दिहल गइल बा, सीट तय करीं ना तs हमनी के सोमार के दिने लिस्ट जारी कs देब जा. महाविकास अघाडी 24 घंटा में चार गो बइठक करवले बाड़न. अब एक बेर अउरी टाइम दे दिहल गइल बा.

एमवीए में चल रहल बैठक के दौर

महाविकास अघाडी में सीट बंटवारा में जेतना देरी होखता ओतने उद्धव ठाकरे के दिल के धड़कन बढ़ता। महाराष्ट्र कांग्रेस दिल्ली के ओर देख रहल बिया। महाविकास अघाडी में एक दौर के बैठक चल रहल बा। दिल्ली में कांग्रेस के बइठक शुरू हो गइल बा. आदित्य ठाकरे मुंबई में शरद पवार से मुलाकात कइले बाड़न. एकरा संगे संजय राउत शरद पवार से भी मुलाकात कईले बाड़े।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.