नई दिल्ली। आठ बेर विधायक रह चुकल आ कर्नाटक प्रदेश कांग्रेस कमेटी के अध्यक्ष डीके शिवकुमार आज लोक भवन में कर्नाटक के 34वां मुख्यमंत्री के रूप में शपथ लेलें। एह शपथ ग्रहण के संगे निवर्तमान मुख्यमंत्री सिद्धारमैया से नेतृत्व के हस्तांतरण के प्रक्रिया पूरा हो गइल, जवन पिछिला हफ्ता से सुरू भइल रहे।
शपथ ग्रहण समारोह से पहिले डीके शिवकुमार अपना माई गौरम्मा के गोड़ छूके आसिरबाद लेलें। एह भावुक पल के तस्वीर आ वीडियो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो रहल बा।
13 मंत्रियन के संगे लेलें शपथ
डीके शिवकुमार के संगे 13 गो विधायक मंत्री पद के शपथ लेलें। कांग्रेस पार्टी जी परमेश्वर के उपमुख्यमंत्री बनावे के फैसला कइले बिया।
शपथ लेवे वाला प्रमुख नेता लोग में यतींद्र सिद्धारमैया, यूटी खादर, एमबी पाटिल, केजे जॉर्ज, केएचृ मुनियप्पा, सतीश जारकीहोली, रामलिंगा रेड्डी, कृष्णा बायरेगौड़ा, प्रियंका खड़गे, ईश्वर खंड्रे, बायराथी सुरेश आ शरण प्रकाश पाटिल सामिल रहलें।
राहुल गांधी आ खड़गे रहलें मौजूद
बेंगलुरु में आयोजित एह भव्य शपथ ग्रहण समारोह में कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे, वरिष्ठ नेता राहुल गांधी सहित कांग्रेस शासित कइयन गो राज्यन के मुख्यमंत्री सामिल भइलें।
सांझ 4:05 बजे सुरू भइल एह कार्यक्रम में हजारन कार्यकर्ता आ समर्थक मवजूद रहे लोग। कांग्रेस नेतृत्व एकरा के राज्य राजनीति में नया अध्याय के सुरुआत बता रहल बा।
सामाजिक समीकरण पs कांग्रेस के नजर
राजनीतिक गलियारा में चरचा बा कि कांग्रेस 2028 के विधानसभा चुनाव के धेयान में रखत सामाजिक आ क्षेत्रीय संतुलन साधे के कोसिस करत बिया। एह कारण मंत्रिमंडल में दलित, लिंगायत आ अहिंदा (अल्पसंख्यक, पिछड़ा वर्ग आ दलित) समुदाय के प्रतिनिधित्व पs खास जोर दिहल गइल बा।
डीके शिवकुमार के मुख्यमंत्री बनला के बाद अब सबके नजर नया सरकार के कामकाज आ विकास योजनन पर टिकल बा।







