Delhi Fire Accident : 21 लोगन के मौत, उपहार सिनेमा से मुंडका तक दिल्ली के कइयन गो भयानक आगजनी के कहानी

Delhi Restaurant Fire Tragedy

Share

नई दिल्ली। देस के राजधानी दिल्ली में बुध के मालवीय नगर इलाका में एगो भीषण आगजनी के घटना हो गइल। हौजरानी इस्थित एगो रेस्तरां आ होटल में लागल आग से कम से कम 21 लोगन के मौत होखला के खबर बा, जबकि कइयन गो लोग गंभीर रूप से झुलस गइल बा। दमकल विभाग आग पs काबू पा लेले बा, बाकिर हादसा के कारण के जांच अभियो जारी बा।

जानकारी के मोताबिक, जवना बिल्डिंग में आग लागल, ओकर निचिला हिस्सा में रेस्तरां रहे जबकि ऊपर वाला मंजिल पs होटल के कमरा रहे। पुलिस सूत्रन के अनुसार, होटल में आवे-जाये खातिर खाली एगो दरवाजा रहे, जवना चलते राहत आ बचाव कार्य में बहुते दिक्कत भइल। घायलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा, जवना में कइयन लोगन के हालत नाजुक बतावल जा रहल बा।

हालांकि, दिल्ली खातिर एह तरे के आगजनी के घटना नया बात नइखे। पिछिला कइयन गो दशक में राजधानी में अइसन कइयन गो भयानक अग्निकांड भइल बा, जवना में दर्जनन लोगन के जान गइल बा।

उपहार सिनेमा अग्निकांड (1997)

दिल्ली के सबसे चर्चित आग हादसा उपहार सिनेमा में भइल रहे। फिल्म ‘बॉर्डर’ के शो के दौरान ट्रांसफार्मर में चिंगारी उठला से आग लाग गइल। धुआं आ जहरीला गैस के कारण 59 लोगन के जान चल गइल। आपातकालीन निकास बंद रहे, एह कारण लोग बाहर ना निकल सकल।

लाल कुआं केमिकल गोदाम हादसा (1999)

पुरानी दिल्ली के लाल कुआं इलाका में केमिकल गोदाम में लागल आग से 57 लोगन के मौत हो गइल रहे। आग एतना तेजी से फइलल कि आसपास के कइयन गो इमारताे चपेट में आ गइल।

अनाज मंडी फैक्ट्री आग (2019)

रानी झांसी रोड पs चल रहल अवैध बैग फैक्ट्री में शॉर्ट सर्किट से आग लागल। जहरीला धुआं के कारण 43 मजदूरन के मौत हो गइल जबकि दर्जनन लोग घायल भइल।

मुंडका कमर्शियल बिल्डिंग अग्निकांड (2022)

चार मंजिला बेवसायिक भवन में लागल आग में 27 लोगन के जान गइल। भवन में खाली एगो निकास रास्ता रहे, जवना से कइयन गो कर्मचारी अंदर फंस गइलें।

बवाना इंडस्ट्रियल एरिया हादसा (2018)

पटाखा पैकिंग यूनिट में आग लगला से 17 लोगन के मौत हो गइल। भवन में आवे-जाये के पर्याप्त बेवस्था ना रहे।

अर्पित पैलेस होटल आग (2019)

करोल बाग के होटल में शॉर्ट सर्किट से लागल आग में 17 लोग मारल गइल। धुआं तेजी से फइलला आ इमरजेंसी गेट बंद रहला से लोग फंस गइल।

अलीपुर पेंट फैक्ट्री हादसा (2024)

अवैध पेंट आ केमिकल फैक्ट्री में विस्फोट के बाद आग लागल, जवना में 11 लोगन के मौत भइल आ कइयन गो लोग घायल हो गइल।

विवेक विहार रिहायशी इमारत हादसा (2026)

एसी के कंप्रेसर फटला से लागल आग में एके परिवार के कइयन गो सदस्य दम घुटला से जान गंवा दिहल लोग।

पालम अग्निकांड (2026)

दक्षिण-पश्चिमी दिल्ली के पालम इलाका में चार मंजिला इमारत में आग लागला से एके परिवार के 9 लोगन के मौत हो गइल। आग संभवतः शॉर्ट सर्किट से लागल रहे।

गोकुलपुरी झुग्गी बस्ती हादसा (2022)

आधा रात के लागल आग में 7 लोगन के जान गइल आ 60 से जादे झुग्गी जल के राख हो गइल।

जाकिर नगर भवन अग्निकांड (2019)

इलेक्ट्रिक मीटर बोर्ड में शॉर्ट सर्किट के बाद लागल आग में 6 लोगन के मौत भइल। जहरीला धुआं तेजी से ऊपर के मंजिल तक पहुंच गइल रहे।

सुरक्षा मानक पs उठत बा सवाल

मालवीय नगर हादसा के बाद एक बेर फेर राजधानी दिल्ली में भवन सुरक्षा, फायर एनओसी, आपातकालीन निकास आ अग्निशमन बेवस्था पs सवाल उठे लागल बा। विशेषज्ञ मानत बा लोग कि सुरक्षा नियम के सख्ती से पालन होखे तs अइसन कइयन गो हादसन के रोकल जा सकेला।

Read Also: Samsung के 200MP कैमरा वाला अल्ट्रा 5G फोन पs भारी डिस्काउंट, 12GB तक RAM आ स्नैपड्रेगन प्रोसेसर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-