Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा से चले वाली ट्रेनन के मार्ग परिवर्तन : अंबाला मंडल के शम्भू स्टेशन पs किसानन के प्रदर्शन, यात्रियन के हो सकत बा परेसानी

98

रेलवे प्रशासन कावर से अंबाला मंडल के शम्भू स्टेशन पs किसान आंदोलन के कारण गाड़ियन के मार्ग परिवर्तन कइल गइल बा। एमे छपरा के रास्ता लेवे वाली कइयन गाड़ियन के मार्ग परिवर्तन कइल गइल बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें।

निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेन अपना पहिले रास्ता आ समय से संचालित होखे लागी। छपरा से चले वाली ट्रेनन के मार्ग परिवर्तन से यात्रियन के परेसानी के सामना करे के पड़ सकत बा।

मार्ग परिवर्तन

  • भागलपुर से नौ मई, 2024 के चले वाली 15097 भागलपुर-जम्मूतवी एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग अंबाला कैंट-चंडीगढ़-न्यू मोरिंडा जं.-सरहिन्द-सानेह वाल के रास्ते चलावल जाई।
  • गुवाहाटी से आठ मई, 2024 के चले वाली 15653 गुवाहाटी-जम्मूतवी एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग अंबाला कैंट-चंडीगढ़-न्यू मोरिंडा जं.-सरहिन्द-सानेह वाल के रास्ते चलावल जाई।
  • कटिहार सात, आठ आ नौ मई, 2024 के चले वाली 15707 कटिहार-अमृतसर एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग जाखल-धूरी जं.-लुधियाना के रास्ते चलावल जाई।
  • जयनगर से 10 मई, 2024 के चले वाली 04651 जयनगर-अमृतसर विशेष गाड़ी परिवर्तित मार्ग जाखल-धूरी जं.-लुधियाना के रास्ते चलावल जाई।
  • जयनगर से 10 मई, 2024 के चले वाली 14649 जयनगर-अमृतसर एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग अंबाला कैंट-चंडीगढ़-न्यू मोरिंडा जं.-सरहिन्द-सानेह वाल के रास्ते चलावल जाई।
  • जयनगर से आठ आ नौ मई, 2024 के चले वाली 14673 जयनगर-अमृतसर एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग अंबाला कैंट-चंडीगढ़-न्यू मोरिंडा जं.-सरहिन्द-सानेह वाल के रास्ते चलावल जाई।
  • सहरसा से नौ मई, 2024 के चले वाली 12203 सहरसा-अमृतसर एक्सप्रेस जाखल-धूरी जं.-लुधियाना के रास्ते चलावल जाई।
  • न्यू जलपाई गुड़ी से आठ मई, 2024 के चले वाली 12407 न्यू जलपाईगुड़ी-अमृतसर एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग अंबाला कैंट-चंडीगढ़-न्यू मोरिंडा जं.-सरहिन्द-सानेह वाल के रास्ते चलावल जाई।
  • सहरसा से 10 मई, 2024 के चले वाली 14603 सहरसा-अमृतसर एक्सप्रेस अम्बाला कैंट-चंडीगढ़-न्यू मोरिंडा जं.-सरहिन्द-सानेह वाल के रास्ते चलावल जाई।
  • न्यू जलपाई गुड़ी से 10 मई, 2024 के चले वाली 04653 न्यू जलपाईगुड़ी-अमृतसर विशेष गाड़ी परिवर्तित मार्ग अम्बाला कैंट-चंडीगढ़-न्यू मोरिंडा जं.-सरहिन्द-सानेह वाल के रास्ते चलावल जाई।
  • जम्मूतवी से आठ मई, 2024 के चले वाली 15652 जम्मूतवी-गुवाहाटी एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग सानेह वाल-चंडीगढ़-अम्बाला कैंट के रास्ता जाई।
  • जम्मूतवी से 10 मई, 2024 के चले वाली 15654 जम्मूतवी-गुवाहाटी एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग सानेह वाल-चंडीगढ़-अम्बाला कैंट के रास्ते चलावल जाई।
818550cookie-checkछपरा से चले वाली ट्रेनन के मार्ग परिवर्तन : अंबाला मंडल के शम्भू स्टेशन पs किसानन के प्रदर्शन, यात्रियन के हो सकत बा परेसानी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.