ICC Rankings: वनडे रैंकिंग में दूसरका स्थान पs पहुंचली दीप्ति शर्मा, मंधाना के बल्लेबाजन के रैंकिंग में नुकसान

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 29, 2024

ICC Rankings: भारतीय टीम के स्टार स्पिनर दीप्ति शर्मा के न्यूजीलैंड के खिलाफ जारी तीन मैचन के वनडे सीरीज में दमदार प्रदर्शन के फायदा मिलल बा। मंगर के आईसीसी के तरफ से जारी कइल गइल

Share

दीप्ति शर्मा - फोटो : ICC

ICC Rankings: भारतीय टीम के स्टार स्पिनर दीप्ति शर्मा के न्यूजीलैंड के खिलाफ जारी तीन मैचन के वनडे सीरीज में दमदार प्रदर्शन के फायदा मिलल बा। मंगर के आईसीसी के तरफ से जारी कइल गइल ताजा वनडे रैंकिंग में ऊ दु स्थानन के छलांग लगाके दूसरका पायदान पs पहुंच गइल बा। शीर्ष पर 770 अंकन के संगे इंग्लैंड के सोफी एक्लेस्टोन बाड़ी।

घातक गेंदबाजी के मिलल दीप्ति के फायदा

न्यूजीलैंड के खिलाफ जारी घरेलू सीरीज में दीप्ति अपना घातक गेंदबाजी से दु विकेट हासिल कइले बाड़ी। एह दौरान उनकर इकोनॉमी रेट 3.42 के रहल। आज दुनो टीमन के बीच एह सीरीज के तीसरा आ निर्णायक मुकाबला खेलल जा रहल बा। फिलहाल ई सीरीज 1-1 के बराबरी पs बा।

पहिला बेर एह स्थान पs पहुंली दीप्ति

27 वर्षीय खिलाड़ी हाले में समाप्त भइल टी20 विश्व कप में दमदार प्रदर्शन कइले रहली। अब ऊ वनडे सीरीज में आपन दम देखवले बाड़ी। एकर फायदा उनका आईसीसी के ताजा वनडे रैंकिंग में मिलल बा। दीप्ति पहिला बेर अपना करिअर में आईसीसी के वनडे रैंकिंग में दूसरका स्थान पs पहुंचल बाड़ी।

Invention: ताला बनाने वाला आदमी कइले रहे घड़ी के आविष्कार, बहुते दिलचस्प बा ई कहानी

शीर्ष 10 के अलावे भइल ई बदलाव

शीर्ष 10 के अलावे आईसीसी के वनडे रैंकिंग में कुछ बदलाव भइल बा। न्यूजीलैंड के ली ताहुहू तीन पायदान के फायदा के संगे 12वां स्थान पs पहुंच गइल बाड़ी। अमेलिया केर 13वां आ कप्तान सोफी डिवाइन नव स्थान के फायदा के संगे 30वां पायदान पs पहुंच गइल बाड़ी।

मंधाना के भइल नुकसान

स्मृति मंधाना के बल्लेबाजन के वनडे रैंकिंग में तगड़ा झटका लागल बा। ऊ एक स्थान के नुकसान के संगे चउथा पायदान पs पहुंच गइल बाड़ी। उनका खाता में 705 अंक बा। ओहिजा, कीवी टीम के कप्तान सोफी डिवाइन तीन स्थानन के फायदा के संगे आठवां पायदान पs पहुंच गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.