[the_ad_group id="30365"]

Dhanu Sankranti 2025: सूर्य देव के राशि परिवर्तन आज, एह चीजन के दान से चमकी किस्मत

Sun god Surya Dev worship during Dhanu Sankranti 2025
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। 12 राशियन के अनुसार, साल में 12 संक्रांति आवेला। ज्योतिष शास्त्र के अनुसार, जब सूर्य वृश्चिक राशि से निकाल के धनु राशि में प्रवेश करेला, तs एकरा के धनु संक्रांति के नाम से जानल जाला। अइसन में आज हमनी के रउआ सभन के बतावे जा रहल बानी सs कि धनु संक्रांति के दिन रउआ कवना चीजन के दान (Dhanu Sankranti 2025 Daan) से लाभ मिल सकेला। संगही जानीं कि कवना चीजन के दान करे से रउआ बचे के चाहीं।

जरूर करीं ई दान

धनु संक्रांति के दिन गरीब आ जरूरतमंद लोगन के बीच अपना क्षमता के अनुसार, गेहूं आ गुड़ आदि के दान (Dhanu Sankranti 2025 Daan) जरूर करेक चाहीं। अइसन कइला से कुंडली में मौजूद सूर्य के इस्थिति मजबूत होला आ साधक के सुख-समृद्धि के आसिरबाद मिलेला।

एह दान से होई लाभ

धनु संक्रांति पs रउआ लाल रंग के चीज जइसे लाल चंदन, केसर, लाल फल आ फूल आउर रंग के वस्त्र के दान जरूर करे के चाहीं। एकरा से साधक के सूर्य देव के आसिरबाद मिलेला। एकरा संगही दिन पs तिल के दान कइल बहुते सुभ मानल गइल बा। एकरा से शनि दोष के प्रभाव कम हो सकेला।

करीं एह चीजन के दान

धनु राशि के स्वामी बृहस्पति देव हवें, एकरा खातिर एह दिन पs रउआ पियर वस्तु जइसे चना के दाल, हल्दी आ पियर वस्त्र आदि के दान कs के विशेष फल के प्राप्ति हो सकेला। एकरा से साधक के जिनगी में अच्छा परिणाम मिले लागेला।

मत करीं ई गलती

धनु संक्रांति के दिन एह बात के खासतौर से ध्यान रखीं कि कबो फटल-पुरान कपड़ा आ जूता के दान ना करे के चाहीं, ना तs रउआ सुभ के जगह असुभ परिणाम मिल सकेला। एकरा संगही रउआ भोजन के दान करत बानी, तs ऊ भोजन पूरा तरे से सात्विक आ स्वच्छ होखे के चाहीं, तबे रउआ दान के पुण्य फल मिलेला। एकरा संगही दान कs के कभी पछतावा ना करे के चाहीं, ना तs एकरा से दान के अपमान होला आ एकर पुण्य फल नष्ट हो जाला।

Read Also: TATA IPL 2026 Auction : के हई मल्लिका सागर? 369 खिलाड़ियन के पुकार के फ्रेंचाइजियन से खर्चा करइहें रकम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]