[the_ad_group id="30365"]

TATA IPL 2026 Auction : के हई मल्लिका सागर? 369 खिलाड़ियन के पुकार के फ्रेंचाइजियन से खर्चा करइहें रकम

Mallika Sagar conducting TATA IPL 2026 auction in Abu Dhabi
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। अबू धाबी में आज आईपीएल 2026 के मिनी ऑक्शन होखे जा रहल बा। एक बेर फेर आईपीएल ऑक्शन करावे के जिम्मा मल्लिका सागर के हाथ में बा। एह ऑक्शन में ऊ कुल 369 खिलाड़ियन के नीलामी करइहें आ फ्रेंचाइजी लोगन से करोड़न रुपिया खर्च करइहें।

पहिले आईपीएल ऑक्शन करावे के जिम्मेदारी रिचर्ड मैडले संभालत रहलन। ओकरा बाद ह्यूग एडमीड्स ऑक्शनर बनलें, बाकिर 2024 सीजन से मल्लिका सागर लगातार आईपीएल ऑक्शन करावत आ रहल बाड़ी। आज के समय में ऊ आईपीएल नीलामी के एगो अहम चेहरा बन चुकल बाड़ी। आईपीएल 2026 के मिनी ऑक्शन में मल्लिका सागर ऑक्शनर के भूमिका निभइहें।

IPL 2026 ऑक्शन के ऑक्शनर मल्लिका सागर

मल्लिका सागर आर्ट के दुनिया के जानल-मानल नाम बाड़ी। ऊ कइयन गो इंटरनेशनल आर्ट ऑक्शनन के कंडक्ट कs चुकल बाड़ी। मल्लिका फिलाडेल्फिया के ब्रायन मावर कॉलेज से आर्ट हिस्ट्री के पढ़ाई कइले बाड़ी। साल 2001 में 26 साल के उमिर में ऊ मशहूर ऑक्शन कंपनी क्रिस्टीज से आपन करिअर सुरू कइली।

मल्लिका सागर क्रिस्टीज के पहिला भारतीय महिला ऑक्शनर रहली। ऑक्शनिंग के फील्ड में उनका 25 साल से जादे के अनुभव बा। आईपीएल आ डब्ल्यूपीएल के अलावे ऊ प्रो कबड्डी लीग में ऑक्शनर रह चुकल बाड़ी। स्पोर्ट्स ऑक्शनर के रूप में उनकर डेब्यू प्रो कबड्डी लीग से भइल रहे, जहां पीकेएल के आठवां सीजन में ऊ ऑक्शनर रहली।

मल्लिका सागर के नेटवर्थ

आईपीएल 2026 ऑक्शन में मल्लिका सागर खिलाड़ियन पs बोली लगवइहें। जदि उनकर नेटवर्थ के बात कइल जावs, तs मल्लिका सागर के कुल संपत्ति करीब 15 मिलियन डॉलर, माने लगभग 126 करोड़ रुपिया बतावल जाला। ऊ बहुते लग्जरी आ सानदार जिनगी जीयेली।

बिजनेस परिवार से नाता

आईपीएल 2026 के ऑक्शनर मल्लिका सागर मुंबई के एगो नामी बिजनेस परिवार से ताल्लुक रखेली। उनकर पढ़ाई-लिखाई अमेरिका के ब्रिन मॉर कॉलेज, फिलाडेल्फिया से आर्ट हिस्ट्री में भइल बा। मल्लिका 2023 में तब खासा चरचा में आइल रहली, जब ह्यूग एडमीड्स के अचानक तबीयत खराब हो गइल रहे आ मल्लिका सागर ऑक्शन संभाल लेले रहली।

उनकर निडरता आ आत्मविश्वास सब केहू के दिल जीत लेलस। एकरा बाद बीसीसीआई 2024 से उनका के आईपीएल के स्थायी ऑक्शनर बना देलस। ऊ डब्ल्यूपीएल के पिछला सीजन में सफलतापूर्वक ऑक्शनर के जिम्मेदारी निभा चुकल बाड़ी।

Read Also: Train Cancelled : सावधान! 28 फरवरी तक रद्द भइली सs ई ट्रेन, पढ़ लीं सूची ना तs होई परेसानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]