[the_ad_group id="30365"]

मध्य प्रदेश के देवास में दर्दनाक हादसा, घर में लागल भीषण आग, एके परिवार के 4 लोगन के मउत

घर में लागल भीषण आग
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवास के नयापुरा इलाका में एगो मकान में लागल भारी आग में एके परिवार के चार लोग जर के मउत हो गईले। मरेवाला में पति, पत्नी अवुरी दु बच्चा शामिल बाड़े। फायर इंजन बहुत मेहनत के बाद आग के काबू में कs लेलस। 

जानकारी के मुताबिक घर के निचला मंजिल पs दूध के डेयरी के दोकान रहे अवुरी उहाँ आग लाग गईल। धीरे-धीरे आग एगो विशाल रूप लेके बिल्डिंग के दूसरा मंजिल ले पहुंच गईल। दूसरा मंजिल पss लागल आग में पति, पत्नी अवुरी दु बच्चा समेत कुल चार लोग के मउत हो गईल। 

बतावल जाता कि मरेवाला दिनेश पहिले बढ़ई के काम करत रहले। एह आग में दिनेश, उनुकर पत्नी गायत्री, बेटी इशिका अवुरी बेटा चिराग के मउत हो गईल। फिलहाल आग लागे के कारण के पता नईखे चलल। पुलिस अवुरी प्रशासन के वरिष्ठ अधिकारी मौका पs पहुंच के स्थिति के जायजा लेले।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: मोट आ थुलथुला बाह महीना भर में होई सुडौल,बस करीं रोज इs गो yoga

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]