[the_ad_group id="30365"]

Delhi Mumbai Expressway Accident : दिल्ली-मुंबई एक्सप्रेसवे पs भीषण हादसा, चलत कार में आग लगला से पांच लोगन के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। राजस्थान के अलवर जिला से एगो बड़ सड़क हादसा के खबर सामने आइल बा। जानकारी के मोताबिक, अलवर के लक्ष्मणगढ़ इलाका में एगो कार में आग लगला से पांच लोग जिंदा जर गइल। ई हादसा दिल्ली-मुबंई एक्सप्रेसवे पs बुध, 29 अप्रिल के देर रात भइल।

वैष्णो देवी से दर्शन कs के लवटत रहे लोग

लोगन के कहनाम बा कि चलत कार में अचानक आग लाग गइल। एह दौरान ड्राइवर बहुत मुश्किल से आपन जान बचवलस। ओने, जे लोग मारल गइल बा ऊ शिवपुर जिला, मध्य प्रदेश के रहे वाला रहलें आ वैष्णो देवी में दर्शन कs के वापस लवटत रहे। फिलहाल, मरे वाला लोगन के पहचान अभी तक नइखे हो सकल।

Read Also: Share Market : शेयर बाजार में गिरावट, सेंसेक्स 900 अंक टूटल, निफ्टी 24000 से नीचे आइल, रुपिया 95 पार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]