दिल्ली मेट्रो के स्टेशन से कूद के शख्स कइलस आत्महत्या

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 12, 2024

  देश के राजधानी दिल्ली के जीवन रेखा कहल जाए वाला दिल्ली मेट्रो कुछ समय से आत्महत्या के जगह बनत बिया। कुछ समय से बहुत लोग मेट्रो के सामने कूद के चाहे स्टेशन से कूद

Share

Delhi Metro

 

देश के राजधानी दिल्ली के जीवन रेखा कहल जाए वाला दिल्ली मेट्रो कुछ समय से आत्महत्या के जगह बनत बिया। कुछ समय से बहुत लोग मेट्रो के सामने कूद के चाहे स्टेशन से कूद के आत्महत्या कs लेले बाड़े। ताज़ा मामला दिल्ली मेट्रो के मयूर विहार-1 स्टेशन से आईल बा, जहां सोमार के एगो 23 साल के युवक स्टेशन से कूद के आत्महत्या कs लेलस। मरेवाला के पहचान मयूर विहार-1 निवासी जी अभिषेक राव के रूप में भईल बा।

युवक के अस्पताल में मउत हो गईल

एगो अधिकारी जानकारी देले बाड़े कि सो मार के सबेरे करीब 11 बजे मयूर विहार-1 स्टेशन से एगो आदमी कूद के आत्महत्या करे के कोशिश कईलस। नियंत्रण कक्ष के घटना के जानकारी मिलला के बाद तुरंत टीम के मौका पs भेज दिहल गईल। घाही के तुरंत पीसीआर वैन से लाल बहादुर शास्त्री अस्पताल पहुंचावल गईल। हालांकि अस्पताल में इलाज के दौरान उनुकर मौत हो गईल।

परिवार से पूछताछ जारी 

एs घटना के बारे में पुलिस कहलस कि मरेवाला अभिषेक राव के मउत के बारे में परिवार के जानकारी दिहल गईल बा। अधिकारी के मौका पs कवनो सुसाइड नोट ना मिलल। एहसे आगे के जांच जारी बा।  युवक के आत्महत्या के पीछे के कारण के बारे में परिवार से पूछताछ कईल जाता।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.