KV Sports Meet 2023: केवी स्पोर्ट्स मीट में लॉन टेनिस में दिल्ली के इला पांडेय बनली नेशनल चैंपियन, जीतली गोल्ड

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 9, 2023

  केवी नेशनल स्पोर्ट्स मीट 2023 : केंद्र विद्यालय दिल्ली के छात्रा इला पांडेय 52वां केंद्र विद्यालय राष्ट्रीय खेल मीट 2023-24 में लॉन टेनिस में गर्ल्स विंग में पहिला स्थान हासिल कs लेले बाड़ी। ई

Share

 

केवी नेशनल स्पोर्ट्स मीट 2023 : केंद्र विद्यालय दिल्ली के छात्रा इला पांडेय 52वां केंद्र विद्यालय राष्ट्रीय खेल मीट 2023-24 में लॉन टेनिस में गर्ल्स विंग में पहिला स्थान हासिल कs लेले बाड़ी। ई कार्यक्रम 2 से 6 नवम्बर के बीच गुजरात के अहमदाबाद के वस्त्रपुर केंद्र विद्यालय में आयोजित भइल रहे। राष्ट्रीय खेल मीट में लॉन टेनिस अंडर-17 वर्ग के अंतिम मैच में दिल्ली खातिर खेलत इला पांडे उत्तर प्रदेश के खिलाड़ी संतुष्टी के 6-2 से हरा के स्वर्ण पदक जीत लिहली जबकि संतुष्टी उपविजेता बनल रहली।

दिल्ली के तरफ से इला पाण्डेय पिछला साल अंडर-17 वर्ग में चार बेर के चैंपियन चेन्नई टीम के एकल आ युगल में हरा के खिताब जीतले रहली। इला आपन प्रदर्शन जारी रखली आ एह साल एकल फाइनल में अपना गृह राज्य यूपी के संगति के हरा दिहली। एकरा से पहिले सेमीफाइनल में राजस्थान के अभिलाशा के 5-3 से हरा के इला फाइनल में जगह बना लेले रहे।

वैष्णवी पाण्डेय सेमीफाइनल में पहुंच गईली

पिछला साल अंडर 14 वर्ग में चैंपियन रहल इला के छोटकी बहिन आ दिल्ली टीम के खिलाड़ी वैष्णवी पाण्डेय शानदार प्रदर्शन कइली आ ​​सेमीफाइनल में चहुँप गइली बाकिर टाई ब्रेक में ऊ गुवाहाटी के संस्कृति बोरा से 3-7 से हार गइली। इला आ वैष्णवी दिल्ली के गोल मार्केट केंद्र विद्यालय के छात्र हउवें।दुनु असली बहिन हई। हालही में भइल केंद्रीय विद्यालय रीजनल स्पोर्ट्स मीट, दिल्ली क्षेत्र में भी दुनु जने अलग अलग उमिर समूह में स्वर्ण पदक जीतले रहले।

इला कोच पल्लव रोशा के देखरेख में दिल्ली में टेनिस के प्रशिक्षण ले रहल बाड़ी।जबकि वैष्णवी कोच गौरव शर्मा से टेनिस के चाल सीख रहल बाड़ी। अखिल भारतीय टेनिस एसोसिएशन (एआईटीए) के ओर से आयोजित कई गो राष्ट्रीय स्तर के टेनिस प्रतियोगिता में दुनो बहिन जीत चुकल बाड़ी।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.