दिल्ली विधानसभा सत्र : AAP के 22 विधायक सस्पेंड, थोड़े देर में शराब घोटाला से जुड़ल CAG रिपोर्ट होई पेश

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 25, 2025

आजु दिल्ली विधानसभा सत्र के दुसरका दिन हs. आज के सत्र में हंगामेदार होखे के संभावना बा। सूत्र के मुताबिक CAG के 14 रिपोर्ट में से आज खाली एक रिपोर्ट पेश होई, जवना में शराब

Share

आजु दिल्ली विधानसभा सत्र के दुसरका दिन हs. आज के सत्र में हंगामेदार होखे के संभावना बा। सूत्र के मुताबिक CAG के 14 रिपोर्ट में से आज खाली एक रिपोर्ट पेश होई, जवना में शराब घोटाला प्रमुख बा। एकरा बाद संभव बा कि अगिला दिने डीटीसी बस के लेके एगो अवुरी कैग रिपोर्ट पेश हो सकता। दिल्ली परिवहन निगम (डीटीसी) पs कैग के रिपोर्ट में वित्तीय घाटा के गंभीर मामला सामने आईल बा, जवना में कहल गईल बा कि 2015-16 से 2021-22 तक डीटीसी के संचयी घाटा 25,300 करोड़ से बढ़ के करीब 60,750 करोड़ रुपया हो गईल।  एकर मुख्य कारण रहे बुढ़ापा के बेड़ा, 45% बस पुरान रहे आ खराब होखे के प्रवृत्ति रहे, जवना के परिणामस्वरूप बेड़ा के कम उपयोग भईल|

*शराब घोटाला से जुड़ल कैग रिपोर्ट कुछ देर में पेश कईल जाई
*विधानसभा में उपराज्यपाल के संबोधन
*यमुना के सफाई खातिर विशेष योजना बनावल जाई।
*दिल्ली के सबसे बढ़िया मेट्रो शहर बनाई।
*दिल्ली के हर गरीब महिला के 2500 रुपया दिहल जाई।
*दिल्ली में आयुषमान योजना लागू होई।
*500 रुपया में गरीब के गैस सिलेंडर
*वरिष्ठ नागरिकन के पेंशन राशि बढ़ा के 2500 रुपिया कर दिहल जाई.
*कल्याणकारी योजना बंद ना होई।

इहो पढ़ीं: Health: स्तन कैंसर से बचाव खातीर  कराई सही समय पs जांच, जानीं ब्रेस्ट कैंसर में कवन टेस्ट होला जरूरी

*झुग्गी-झोपड़ी में अटल कैंटीन बनावल जाई।
*दिल्ली खातिर 100 दिन के रोड मैप तइयार कइल जाई.
*विधानसभा में हंगामा, आम आदमी पार्टी के सभ 22 विधायक के सदन से निलंबित कs दिहल गईल।  
*आप नेता आतिशी अपना विधायक के संगे विधानसभा में अम्बेडकर के मूर्ति के नीचे धरना पs बईठ गईली।
*राज्यपाल के संबोधन के दौरान हंगामा
*आज शराब घोटाला से जुड़ल कैग रिपोर्ट सबसे पहिले सदन में पेश कईल जाई।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गणेश जी के उs मंदिर जवन रामायण काल ​​आ द्वापर युग में भी रहे मौजूद ‘रणथंभौर गणेश मंदिर’

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.