[the_ad_group id="30365"]

एह विटामिन के कमी से आंख हो जाला खराब, अइसे करीं लछन के पहचान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

विटामिन जरूरी सूक्ष्म पोषक तत्व के एगो हिस्सा हs, जवन कवनो प्रक्रिया के सुचारू संचालन खातिर हमनीऽ के शरीर ला जरूरी होला। एही में से एगो विटामिन ए हs जवन हमनी के दृष्टि, त्वचा, हड्डी आ शरीर के अन्य कोशिका के मजबूत रखे में काफी महत्वपूर्ण भूमिका निभाए ला। जी हां! शरीर के फिट रखे में कवनो विटामिन आ मिनरल महत्वपूर्ण भूमिका निभावे ले। एहिमें से विटामिन ए (Vitamin A) सबसे जरूरी मानल जाला। काहे कीं एकर कमी राउर जीवन भर खातीर आँखिन के रोशनी से बँचित हो सकत बानी।

शरीर में लउकेला इs लक्षण

•चाम के रुखल होवल- विटामिन ए के कमी से हमनी के त्वचा जरूरत से ज्यादा रूखल आ बेजान हो जाला।

•रतौंधी– विटामिन ए के कमी होखला पs रतौंधी के शिकायत हो सकत बा, माने रउवा के सूरूज के किरिन के बाद कूछो देखल मुश्किल हो जाला।

•गर्भ धारण करे मे परेशानी- विटामिन एs के कमी होखेला पs औरतन के गर्भ धारण करे मे परेशानी होला।

•गर के संक्रमण– गरा में बार-बार खराश होखला पs या इंफेक्शन होखला पs विटामिन ए के कमी के लक्षण हो सकत बा।

•मुँहासा – एह विटामिन के कमी से चेहरा पs कील आ मुँहासा भी होखे लागे ला।

•घाव भरे में देरी- जदि कवनो घाव सुखे में जरूरत से जादा समय लागे तs बूझ लिहि कि रउवा विटामिन एs के कमी हो सकत बा।

•कमजोर हड्डी – शरीर के हड्डी मजबूत रखे में विटामिन ए महत्वपूर्ण भूमिका नीभाए ला। जदि हड्डी कमजोर होता तऽ विटामिन डी एs ना विटामिन ए के भी टेस्ट करवाई।

एह चीजन के करी सेवन

विटामिन ए के कमी के पूरा करे खातिर हमनी के आसपास कई जरिया बा। एहिमें प्लांट बेस्ड आ नॉन वेज दुनो तरह के आहार शामिल बाड़े। जदि रउवों विटामिन एs के कमी के पूरा करल चाहत बानी तऽ अंडा, फोर्टिफाइड अनाज, हरियर पत्तावाला तरकारी, नारंगी आ पीयर सब्जिय गाजर, पपीता एकरे संगवा पालक, अलुवा, दही, सोयाबीन आ दोसर पत्तेदार हरीर सब्जिय के सेवन जरूर करीं।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]