[the_ad_group id="30365"]

नवहन के उज्जवल भविष्य खातिर नशा मुक्ति जरूरी– विजय शंकर रजक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज/अखिलेश कुमार सिंह: नवहा पीढ़ी के भविष्य के अंधकार में ले जा रहल बा नशा के शिकंजा, नशा एगो धीमा जहर हs। एकरा सेवन से मनुष्य के जिनगी अंधकार में डूब रहल बा। आज के नवहा पीढ़ी शराब, तंबाकू उत्पाद, चरस, अफीम सहित आउर नशीला पदार्थन के अलावे मोबाइल आदि के इस्तेमाल कs रहल बिया। नशा के लत नवहन के पथभ्रष्ट कs रहल बा। नशा ना खाली व्यक्ति के शारीरिक आ मानसिक नुकसान करेला बलूक ओकरा परिवारो के पतन के ओर धकेल देला। समाज में अपराध के मुख्य वजह नशा के मानल गइल बा।

श्री अनन्त इंटर कॉलेज सतरांव के प्रांगण में विद्यालय के उप प्रधानाचार्य जीव विज्ञान शिक्षक विजय शंकर रजक आ विज्ञान शिक्षक उज्जवल कुमार, गणित शिक्षक जितेंद्र कुमार के नेतृत्व में नशा मुक्त भारत कार्यक्रम के अन्तर्गत एगो लघु नाटिका/ नुक्कड़ नाटक के विद्यालय के छात्रन द्वारा मंचन कइल गइल।

एह कार्यक्रम के सफल बनावे में विद्यालय के प्रधानाचार्य आ प्रबंधक महोदय के सराहनीय सहयोग मिलल आ विद्यालय के आउर शिक्षक जयेन्द्र चौधरी, लाल सहन चौधरी, उमेश यादव, सरोज कुमार, सतीश चंद, डॉ० जितेंद्र कुमार अग्रहरि, डॉ० अनुज यादव, प्रभात यादव, संतोष यादव, वरिष्ठ लिपिक संतोष यादव, रण विजय आ धर्मेंद्र उपाध्याय आदि सभी के सहयोग प्राप्त भइल।

नाटक के देखके विद्यालय के सब छात्र आ छात्रा प्रफुल्लित आ प्रभावित होके सब शिक्षक आ छात्र लोग खुद के नशा मुक्त रखे आ नशा मुक्त भारत कार्यक्रम के सफल बनावे में सहयोग देवे खातिर शपथ लिहल।

नशा मुक्ति भारत कार्यक्रम के तहत आयोजित एह मंचन के देखके विद्यालय के प्रबंधक बहुत प्रसन्न भइलें आ एह मंचन के आयोजकन के बधाई देलें आ ऊ भविष्य खातिर ई निर्णय लेलें की आवे वाला 26 जनवरी आ 15 अगस्त के एही तरीका के कार्यक्रम हमेशा आयोजित कइल जात रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]