iPhone यूजर्स खातिर बुरा सपना ना बन जाव iOS 18 अपडेट! Apple के पूर्व कर्मचारी चेतवलें

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 11, 2024

एपल के लेटेस्ट अपडेट Apple iOS 18 के आईफोन यूजर्स बेसब्री से इंतजार कs रहल बा लो। ओहिजा, एह अपडेट के लेके कइयन गो बेहतरीन फीचर्स के आइल तय मानल जा रहल बा। बाकिर एही

Share

एपल के लेटेस्ट अपडेट Apple iOS 18 के आईफोन यूजर्स बेसब्री से इंतजार कs रहल बा लो। ओहिजा, एह अपडेट के लेके कइयन गो बेहतरीन फीचर्स के आइल तय मानल जा रहल बा। बाकिर एही बीच एगो अइसन जानकारी सामने आ रहल बा, जवन आईफोन यूजर्स खातिर बुरा हो सकत बा। दरअसल, एपल के एगो पूर्व कर्मचारी Apple iOS 18 के लेके चेतवलें बाड़ें। जदि रउआ आईफोन यूजर बानी आ पुरान मॉडल इस्तेमाल कs रहल बानी तs ई जानकारी राउर काम के हो सकत बा। एपल के एगो पूर्व कर्मचारी के कहनाम बा कि नया अपडेट के लेके पुरान आईफोन यूजर्स के लैगिंग आ बैटरी के खराब स्थिति के सामना करे के पड़ सकत बा।

तs का पुरान आईफोन हो जाई बेकार

अइसन iPhone के X, 11, 12 आ 13 मॉडल के इस्तेमाल करे वाला यूजर्स के संगे हो सकत बा। दरअसल, iOS 18 के हाल के बरिसन में कंपनी के ओर से पेश कइल जाये वाला सबसे बड़े अपडेट के रूप में देखल जा रहल बा। एह अपकमिंग अपडेट में आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के सामिल कइल गइल बा। नया एआई-पावर्ड फीचर्स के संगे अपडेट के लेके जादे पावर के जरूरत होई। अइसन होई तs पुरान आईफोन खातिर नया अपडेट के लेके ई कुछ मुश्किल होई।

Apple iOS 18 मत करीं डाउनलोड

पूर्व एपल सेल्स स्पेशलिस्ट आ कंटेंट क्रिएटर टायलर मॉर्गन (Tyler Morgan) टिकटॉक के माध्यम से लोगन के अपना फोन पs iOS 18 डाउनलोड ना करे के चेतावनी देले बाड़ें। ओह लोगन के कहनाम बा कि बहुत यूजर्स के iOS 18 के वजह से परेशसानी आ सकत बा। आईफोन एह अपडेट के वजह से स्लो हो सकत बा। ऊ आईफोन यूजर्स से कहलें कि जदि रउआ लोगन के फोन पहिलही से ठीक तरे से चल रहल बा तs रउआ नया आईओएस अपडेट के बारे में ना सोचे के चाहीं। आपन फोन अपडेट मत करीं। उनकर कहनाम बा कि नया अपडेट राउर आईफोन के बैटरी हेल्थ के खराब कs सकत बा। जदि फोन के बैटरी खराब होखे लागल तs आईफोन में लैगिंग के दिक्कत आइल सुरू हो जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.