[the_ad_group id="30365"]

DAV PG Gorakhpur : विश्व एड्स दिवस पs जागरूकता रैली के आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई आ रेड रिबन के संयुक्त तत्वावधान में प्राचार्य प्रो. शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में विश्व एड्स दिवस पs जागरूकता अभियान चलावल गइल। एह अवसर पs सब स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका दीवान बाजार आ बक्शीपुर के आसपास के क्षेत्र में रैली निकालल गइल।

रैली में विश्व एड्स दिवस पs नारा, एड्स मुक्त हो विश्व यह सारा।बीमारी से घृणा करो, बीमार से नहीं। विश्व एड्स दिवस मनाएंगे, लोगों में जागरूकता फैलाएंगे… आदि नारा लगावल गइल। स्वयंसेविका उजाला विश्वकर्मा बक्शीपुर क्षेत्र में जागरूकता संदेश के माध्यम से सभे के विश्व एड्स दिवस के जानकारी आ उह बेमारी से लड़े के उपाय साझा कइलें।

एह कार्यक्रम में कर्मचारी राजेंद्र कुमार के संगे मरियम, अमन, श्रद्धा,अनमोल आ फिरदौस जहां सहित सब स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका उपस्थित रहल लोग।

Read Also: THE Ranking 2025 : गोरखपुर विश्वविद्यालय के 801वीं रैंक, राज्यपाल आनंदीबेन पटेल देली बधाई

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]