[the_ad_group id="30365"]

DAV PG Gorakhpur : मानवता के रक्षा कवच हs ओजोन परत : प्रो. परीक्षित सिंह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर के वनस्पति विज्ञान विभाग के ओर से विश्व ओजोन दिवस के मवका पs महाविद्यालय के छात्र-छात्रन में ओजोन परत के क्षरण के प्रति जागरूकता बढ़ावे खातिर संगोष्ठी के आयोजन कइल गइल।

कार्यक्रम के मुख्य अतिथि दिग्विजय नाथ पीजी कॉलेज, गोरखपुर के प्रो. परीक्षित सिंह कहलें कि ओजोन परत के संरक्षण से धरती के संगे-संगे मानवता के रक्षा कइल जा सकेला। ओजोन परत धरती खातिर एगो रक्षा कवच के काम करेला आ एकर संरक्षण सब केहू के जिम्मेदारी हs।

महाविद्यालय के प्राचार्या प्रो. शैल पांडे अपना संबोधन में जुवा लोगन के जलवायु परिवर्तन से हो रहल नुकसान के प्रति आगाह कइली। ऊ कहली कि पर्यावरण के बचावे खातिर नवहन के सक्रिय भूमिका निभावे के जरूरत बा।

एह अवसर पर ‘ग्लोबल वार्मिंग आ कार्बन फुटप्रिंट’ विषय पर निबंध लेखन प्रतियोगिता, ‘पर्यावरण संरक्षण में युवाओं के भूमिका’ विषय पर भाषण प्रतियोगिता आ ‘पर्यावरण संरक्षण’ विषय पs क्विज प्रतियोगिता करावल गइल। एह प्रतियोगितन में महाविद्यालय के अलग-अलग संकाय के छात्र-छात्रा बढ़-चढ़ के हिस्सा लेलें।

कार्यक्रम के संचालन डॉ. संजय मिश्रा कइलें। कार्यक्रम के अंत में अलग-अलग प्रतियोगितन के विजेता छात्र-छात्रन के मेडल आ स्मृति चिह्न देके सम्मानित कइल गइल।

निबंध प्रतियोगिता के परिणाम

निबंध प्रतियोगिता में जोहरा अंसारी, अनब फातिमा आ अलीशा खान संयुक्त रूप से पहिला स्थान पs रहल लो। मुस्कान गुप्ता के दूसरा आ जया गुप्ता के तीसरा स्थान मिलल।

भाषण प्रतियोगिता के परिणाम

भाषण प्रतियोगिता में दीपशिखा पांडे पहिला, रामनरेश दूसरा आ गुड़िया तीसरा स्थान पs रहली।

क्विज प्रतियोगिता के परिणाम

क्विज प्रतियोगिता में अनुराग, हैप्पी, नीरज, प्रियांशी, अलीशा आ दीपशिखा के टीम के पहिला स्थान मिलल। शिवाजी के टीम दूसरा आ अशिलेख आ प्रिंस के टीम तीसरा स्थान पs रहल।

प्रतियोगितन में निर्णायक मंडल के सदस्य के रूप में डॉ. संजय पांडे, डॉ. स्नेहलता त्रिपाठी, डॉ. संजय कुमार आ डॉ. रागिनी दीक्षित मवजूद रहल लो।

एह अवसर पs डॉ. राजेश राय, डॉ. कुलदीप द्विवेदी, डॉ. आशाराम वर्मा, डॉ. अमरेंद्र पांडेय, डॉ. संजय श्रीवास्तव, अनुज तिवारी, शिवांगी ओझा, राजीव चौधरी सहित कइयन गो लोग मवजूद रहल।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]