[the_ad_group id="30365"]

दंतेवाड़ा एनकाउंटर: 25 लाख के इनामी महिला माओवादी मुठभेड़ में भइल ढेर, हथियार भी बरामद

दंतेवाड़ा एनकाउंटर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छत्तीसगढ़ में सुरक्षा बल के बड़हन सफलता मिलल बा, सोमार के दिने एहिजा के दंतेवाड़ा जिला में सुरक्षा बल आ माओवादियन के बीच मुठभेड़ भइल. एह मुठभेड़ में एगो महिला माओवादी, जेकरा पs 25 लाख के इनाम लगावल गईल रहे, ओकरा के हत्या कs दिहल गईल। माओवादी के लगे से एगो इंसास राइफल आ गोला बारूद बरामद भइल बा. दांतेवाड़ा के एसपी गौरव राय कहले कि अबे ले मुठभेड़ जारी बा।

9 बजे से मुठभेड़ चल रहल बा


दांतेवाडा आ बीजापुर जिला के सीमावर्ती इलाका में सुरक्षा बल आ माओवादी के बीच भईल मुठभेड़ में एगो महिला माओवादी के मउत हो गईल। रिपोर्ट के मुताबिक माओवादी महिला के नाम रेणुका उर्फ ​​बानु बा। आगे कहलन कि माओवादी विरोधी अभियान खातिर सुरक्षा बल एह इलाका में भेजल गइल रहे. एs दौरान सोमवार के सबेरे करीब 9 बजे से माओवादी अवुरी सुरक्षा बल के बीच लगातार गोलीबारी होखता।

इहो पढ़ीं: चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]