Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

प्राग में अज्ञात हमलावर कुल गोलीबारी,कई लोगन के भइल मउत, पुलिस कहलस इs बात

चेक रिपब्लिक के राजधानी प्राग में गोलीबारी के एगो भयानक घटना देखल गइल बा। एह हमला में बहुते लोग के मउत के खबर बा। एह हमला में बहुते लोग घवाहिल हो चुकल बा। पुलिस ए मामिला में कवनो मरे चाहे घाही के बारे में कवनो जानकारी साझा नईखे कईले।

862

 

चेक रिपब्लिक के प्राग में गोलीबारी के एगो बड़हन घटना घटल बा। चेक पुलिस के कहना बा कि प्राग शहर में भइल गोलीबारी में कई लोग के मउत होखे के संभावना बा। एह फायरिंग में बहुते लोग घवाहिल हो चुकल बा। राजधानी में गोलीबारी के घटना में पीड़ित लोग के बारे में चेक पुलिस कवनो जानकारी साझा नईखे कईले। उ लोग के कहनाम बा कि जन पलाच स्क्वायर के एगो स्कूल में भईल गोलीबारी के बाद अधिकारी के तैनात कs दिहल गईल बा। चेक गणराज्य के आंतरिक मंत्री विट राकुसन बतवले कि गोली चलावे वाला के मउत हो गईल बा। राकुसन बतवले कि मउका पs कवनो अवुरी शूटर नईखन अवुरी आगे कवनो खतरा नईखे। लेकिन उ जनता से पुलिस के सहयोग करे के अपील कईले बाड़े। पुलिस ए संबंध में कहलस कि जन पलाच स्क्वायर के एगो स्कूल में गोलीबारी के बाद अधिकारी के तैनात कईल गईल।

अफसर का कहले ?

प्राग के मेयर बोहुस्लाव स्वोबोडा एह चौक पs स्थित चार्ल्स विश्वविद्यालय के दार्शनिक संकाय के खाली कs दिहल गइल बतवले। पुलिस विभाग के कहना बा कि चौराहा सील कs दिहल गइल बा। सड़क छोड़ के भीतर रहे के अपील भी लोग से कईल गईल बा। प्राग के बचाव सेवा के प्रवक्ता जाना पोस्टोवा एह घटना में कई लोग घायल होखे के पुष्टि कइली बाकिर अबहीं ले एकर विवरण नइखे दिहल गइल।

 

 

695730cookie-checkप्राग में अज्ञात हमलावर कुल गोलीबारी,कई लोगन के भइल मउत, पुलिस कहलस इs बात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.