प्राग में अज्ञात हमलावर कुल गोलीबारी,कई लोगन के भइल मउत, पुलिस कहलस इs बात

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 22, 2023

  चेक रिपब्लिक के प्राग में गोलीबारी के एगो बड़हन घटना घटल बा। चेक पुलिस के कहना बा कि प्राग शहर में भइल गोलीबारी में कई लोग के मउत होखे के संभावना बा। एह फायरिंग

Share

 

चेक रिपब्लिक के प्राग में गोलीबारी के एगो बड़हन घटना घटल बा। चेक पुलिस के कहना बा कि प्राग शहर में भइल गोलीबारी में कई लोग के मउत होखे के संभावना बा। एह फायरिंग में बहुते लोग घवाहिल हो चुकल बा। राजधानी में गोलीबारी के घटना में पीड़ित लोग के बारे में चेक पुलिस कवनो जानकारी साझा नईखे कईले। उ लोग के कहनाम बा कि जन पलाच स्क्वायर के एगो स्कूल में भईल गोलीबारी के बाद अधिकारी के तैनात कs दिहल गईल बा। चेक गणराज्य के आंतरिक मंत्री विट राकुसन बतवले कि गोली चलावे वाला के मउत हो गईल बा। राकुसन बतवले कि मउका पs कवनो अवुरी शूटर नईखन अवुरी आगे कवनो खतरा नईखे। लेकिन उ जनता से पुलिस के सहयोग करे के अपील कईले बाड़े। पुलिस ए संबंध में कहलस कि जन पलाच स्क्वायर के एगो स्कूल में गोलीबारी के बाद अधिकारी के तैनात कईल गईल।

अफसर का कहले ?

प्राग के मेयर बोहुस्लाव स्वोबोडा एह चौक पs स्थित चार्ल्स विश्वविद्यालय के दार्शनिक संकाय के खाली कs दिहल गइल बतवले। पुलिस विभाग के कहना बा कि चौराहा सील कs दिहल गइल बा। सड़क छोड़ के भीतर रहे के अपील भी लोग से कईल गईल बा। प्राग के बचाव सेवा के प्रवक्ता जाना पोस्टोवा एह घटना में कई लोग घायल होखे के पुष्टि कइली बाकिर अबहीं ले एकर विवरण नइखे दिहल गइल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.