चक्रवात ‘अर्नब’ के असर से दिल्ली-NCR में बदरल मौसम, कई जगह बूंदाबांदी; IMD के चेतावनी

By Gaurav Mani Tripathi

Published on: Oct 29, 2026

दिल्ली-एनसीआर में चक्रवात ‘अर्नब’ आ पश्चिमी विक्षोभ के असर से मौसम के मिजाज अचानक बदल गइल बा। बियफे के भोर में आसमान में कारी बदरी छा गइल आ कई इलाका में बूंदाबांदी भइल। मौसम विभाग

Share

दिल्ली-एनसीआर में चक्रवात ‘अर्नब’ आ पश्चिमी विक्षोभ के असर से मौसम के मिजाज अचानक बदल गइल बा। बियफे के भोर में आसमान में कारी बदरी छा गइल आ कई इलाका में बूंदाबांदी भइल। मौसम विभाग के मुताबिक, अगिला दू दिन ले दिल्ली आ आसपास के इलाका में हलुक से मध्यम बरखा होखे के संभावना बा। एह दौरान तेज हवा, गरज-चमक आ कुछ जगह ओलावृष्टि के आशंका भी जतावल गइल बा।

मौसम में आइल एह बदलाव के चलते तापमान में गिरावट हो सकेला आ लोग के ठंड के एहसास बढ़ सकेला। भारतीय मौसम विज्ञान विभाग (IMD) दिल्ली-एनसीआर के मौसम पर नजर रखले बा आ लोग के सतर्क रहे के सलाह देले बा।

चक्रवात ‘अर्नब’ से दिल्ली-एनसीआर के मौसम पर असर

चक्रवाती तूफान ‘अर्नब’ आ उत्तर भारत में सक्रिय पश्चिमी विक्षोभ के आपसी प्रभाव से मौसम में बदलाव देखे के मिल रहल बा। बियफे के सबेरे दिल्ली-एनसीआर के कई इलाका में बादल छा गइलें आ कुछ जगह हलुक बरखा भइल। एह बदलाव से दिन के तापमान में कमी आवे के अनुमान बा।

मौसम विभाग के अनुसार, बियफे के सबेरे आ दुपहरिया के समय हलुक से मध्यम बरखा हो सकेले। एह दौरान 30 से 40 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से हवा चले के संभावना बा। कुछ इलाका में बिजली चमके आ गरजे के साथ बरखा हो सकेले। एकरा अलावा कहीं-कहीं ओला गिरे के आशंका भी जतावल गइल बा।

अलीगढ़ में भी बदले मौसम के मिजाज

चक्रवात ‘अर्नब’ के असर अलीगढ़ में भी देखे के मिल रहल बा। शहर के आसमान में कारी बदरी छा गइल बाड़ी स। मौसम में अचानक बदलाव के चलते बरखा आ आंधी आवे के संभावना जतावल गइल बा।

मौसम के एह बदले मिजाज के असर आसपास के इलाका में भी पड़ सकेला। लोग के सलाह दिहल गइल बा कि खराब मौसम के दौरान सावधानी बरतें आ गरज-चमक भा तेज हवा के समय खुला जगह पर खड़ा होखे से बचें।

29 अक्टूबर के कइसन रही दिल्ली के मौसम?

मौसम विभाग के अनुमान के मुताबिक, 29 अक्टूबर के दिल्ली-एनसीआर में सबेरे से दुपहरिया तक हलुक बरखा के कई दौर आ सकेला। कुछ जगह मध्यम बरखा होखे के संभावना बा। एह दौरान बिजली कड़के आ 30 से 40 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से तेज हवा चले के अनुमान बा।

एह दिन दिल्ली में अधिकतम तापमान 26 से 28 डिग्री सेल्सियस आ न्यूनतम तापमान 16 से 18 डिग्री सेल्सियस के बीच रह सकेला। अधिकतम तापमान सामान्य से करीब तीन से पांच डिग्री नीचे रहे के अनुमान बा। एहसे दिन में भी मौसम ठंडा महसूस हो सकेला।

30 अक्टूबर के भी बरखा आ तेज हवा के संभावना

शुक के दिने, यानी 30 अक्टूबर के भी मौसम में बदलाव जारी रहे के अनुमान बा। आसमान में आंशिक से लेके आमतौर पर बादल छाइल रह सकेलें। सबेरे से दुपहरिया बाद तक हलुक बरखा, गरज-चमक आ तेज हवा चले के संभावना बा।

एह दिन अधिकतम तापमान 27 से 29 डिग्री सेल्सियस आ न्यूनतम तापमान 17 से 19 डिग्री सेल्सियस के आसपास रह सकेला।

बुधवार के दिल्ली में अधिकतम तापमान 31.8 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल रहे, जवन सामान्य से 0.8 डिग्री अधिक रहे। मौसम विभाग के अनुमान बा कि अगिला दू दिन में तापमान में तीन से पांच डिग्री तक गिरावट आ सकेला। एहसे दिल्ली आ आसपास के लोग के दिन में भी ठंडक महसूस होई।

मौसम के एह बदलाव के देखत लोग के सलाह बा कि बाहर निकले से पहिले मौसम के ताजा जानकारी जरूर देख लीं। तेज हवा आ बिजली चमके के दौरान सावधानी बरतीं।

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.