[the_ad_group id="30365"]

देश के सबसे बड़ रेड: बकरी बेचे वाला के बेटा के घरे पड़ल छापा तs मिलल 163 करोड़ नकदी, 100 किलो सोना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कहल जाला कि समय बदले में देर ना लागेला। केहु के पता नईखे कि कब के राजा से गरीब होई अवुरी के गरीब से जादे अमीर होई। अइसने एगो व्यक्तित्व हउवें नागराजन सेय्यादुरई। उनकर बाबूजी एक बेर गाँव में बकरी पोसले रहले। ओह बकरी के कसाई के बेच के जवन पइसा मिलत रहे ओकरा से घर चलत रहे। लेकिन जब आयकर विभाग नागराजन के घर में छापामारी कईलस त ओहिजा से 163 करोड़ रुपया नकद अवुरी 100 किलो सोना बरामद भईल। एतना बरामदगी देख के खुद आयकर के अधिकारी हैरान रहले।

गरीब से केहू अमीर कब हो जाइ नइखे जानत

नागराजन सेय्यादुरई के पिता के नाम सेय्यादुरई रहे। उ तमिलनाडु के विरुधुनगर जिला के अरूप्पुकोटाई के निवासी रहले, जहां उ बकरी पोसत रहले। एकरा बाद उ राज्य राजमार्ग विभाग में ठेकेदारी शुरू कईले। इहाँ सुगन्या रामकृष्णन आ सुंदरराज रेड्डिड्यार नाम के दू गो व्यक्ति के साथे कल्लाकुरिची में कताई मिल के स्थापना कइले आ बढ़िया पइसा कमा लिहले। बाद में सुंदरराज दुनों से अलग हो गईले। कुछ समय बाद सुगन्या भी सेय्यादुरई से अलग हो गईले। एकरा बाद अकेले सेय्यादुरई दुगो सड़क परियोजना के ठेका लेले। एही बीच नागराजन भी इंजीनियरिंग के डिग्री पूरा क के अपना पिता के बिजनेस में शामिल हो गईले। सेय्यादुरई के एगो स्थानीय माफिया पोट्टू सुरेश से बढ़िया संबंध रहे जवना के माध्यम से उ डीएमके के दिग्गज अड़ागिरी के करीबी बन गईले। एह तरह से डीएमके सरकार में भी सेय्यादुरई के नया नौकरी मिले लागल|

छापामारी से 163 करोड़ रुपिया नकद अवुरी 100 किलो सोना बरामद भईल पोट्टू सुरेश के निधन के बाद सेय्यादुरई एआईएडीएमके के नेता लोग के करीबी हो गईले। एही दौरान नागराजन एह धंधा के जिम्मा ले लिहले। सत्ताधारी दल के नेता लोग से उनकर घनिष्ठ संबंध हो गइल। राज्य के एगो बड़ मंत्री के बेटा से बढ़ल करीबी अवुरी उनुकर धंधा तेजी से बढ़े लागल। राज्य सचिवालय के बार दौरा शुरू हो गईल अवुरी राजनीतिक मे जम गइले। वर्तमान में नागराजन तीन कंपनी एसपीके स्पिनर्स प्राइवेट लिमिटेड, श्रीबालाजी टोलवेज अवुरी एसपीके एंड सीओ एक्सप्रेसवे में निदेशक बाड़े। एसपीके ग्रुप के पिछला साल अरबों के निविदा मिलल रहे। एकरा बाद डीएमके एह ठेका में भ्रष्टाचार के शिकायत सतर्कता आ भ्रष्टाचार निरोधक निदेशालय में कइलस। एकरा बाद नागराजन इहाँ छापामारी कईले। छापामारी के बाद आयकर विभाग के कहनाम बा कि नागराजन के घर में मात्र 24 लाख नकदी मिलल बा, लेकिन उ अपना कर्मचारी अवुरी सहयोगी के संगे 10 अलग-अलग जगह प करोड़ों नकदी अवुरी सोना छिपा के रखले रहले। एगो दोस्त के घरे दुगो बीएमडब्ल्यू गाड़ी रखले रहले। ए तरीका से सभ स्थान पs भईल छापामारी के दौरान कुल 163 करोड़ रुपिया नकद अवुरी 100 किलो सोना बरामद भईल। विभाग कई गो कंप्यूटर हार्डवेयर, दस्तावेज भी बरामद कइले बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]