[the_ad_group id="30365"]

लालू परिवार के खिलाफ चुनाव लड़ल हमरा खातिर नया नइखे : राजीव प्रताप रूढ़ि बोललें- देस में मोदी के गारंटी आ छपरा में रूढ़ि के गारंटी चली 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा से प्रत्याशी घोषित होखला के बाद पहिला बेर छपरा पहुंचल निवर्तमान सांसद राजीव प्रताप रूढ़ि राजद पs हमलावर लउकलें। क्षेत्र भ्रमण के दौरान ऊ जीत के प्रति आश्वस्तता जतावत लालू परिवार पs कटाक्ष कइलें। ऊ कहलें कि लालू परिवार से लड़ल हमरा खातिर नया बात नइखे।

हम लालू यादव के खिलाफ लड़ले बानी। राबड़ी देवी के खिलाफ चुनाव लड़ले बानी आ जीतले बानी। परिवार के समधी चंद्रिका राय के खिलाफ लड़त जीत दर्ज कइले बानी। ई कवनो बड़ बात नइखे। जइसे कि जनता के मानल बा कि देस मे मोदी के गारंटी आ छपरा में रूढ़ि के गारंटी चल रहल बा। ओइसही हम कवनो उम्मीदवार के चिह्नतो नइखी।

टिकट मिलला के बाद राजीव प्रताप रूढ़ि सारण लोकसभा क्षेत्र में भ्रमण कइल सुरू कs देलें बाड़ें। चुनावी कार्यक्रम के सुरुआत रूढ़ि सोनपुर के प्रसिद्ध हरिहरनाथ मंदिर से कइलें। जवना के बाद ऊ लोकसभा क्षेत्र के अलग-अलग गांवन में दौरा कs रहल बाड़ें। अपना जीत के प्रति आश्वस्त लउके वाला राजीव प्रताप रूढ़ि लालू यादव के परिवार के लगातार टारगेट कs रहल बाड़ें।

ऊ कहलें कि राजद के इस्थिति खराब होत जा रहल बा। सारण में राजद के अपना नेता आ कार्यकर्ता लोगन पs भरोसा नइखे। एहिसे हमेसा परिवार के लोगन के मैदान में उतारेले। खैर कवनो बात नइखे देस में मोदी के गारंटी आ छपरा में रूढ़ि के गारंटी चली।

सारण लोकसभा में राजद आ भाजपा कावर से अपना-अपना प्रत्याशी के नाम के घोषणा कs दिहल गइल बा। राजद के ओर से लालू प्रसाद यादव अपना बेटी रोहिणी आचार्य के आपन उम्मीदवार बनवलें बाड़ें। जवना के बाद लड़ाई बहुते दिलचस्प हो गइल बा। भाजपा के ओर से राजीव प्रताप पs भरोसा जतावल गइल बा, जवना के लेके राजीव प्रताप रूढ़ि कावर से क्षेत्र भ्रमण के सुरुआत कs दिहल गइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]