[the_ad_group id="30365"]

मानसून में रहीं सावधान! आंख पs होत बा कंजक्टिवाइटिस के अटैक, जानीं क‌इसे करीं बचाव?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बरसात से होखे वाला हरियाली आंख के तs राहत देला , बाकिर सेहत खातिर आफत बन सकेला । बरखा के दिने में कंजक्टिवाइटिस,फंगल,वायरल, बैक्टीरियल इंफेक्शन आ एलर्जी परेशानी बढ़ा देला। अइसे आंख में रेडनेस, ड्राईनेस, खुजली आ दर्द झेले के पड़ेला । जेसे कई बेर कपार दर्द-माइग्रेन ट्रिगर होला । एs खातिर एs मौसम में आंख के बेहद ख्याल रखे के चाहि। व‌इसे आई केयर तs हर मौसम में जरूरी हs। काहेकी मॉडर्न लाइफस्टाइल में तमाम अइसन चीज़ बा जवन आंखन के दुश्मन हs। ज‌इसे काम आ पढ़ाई के खातिर लंबा वक्त तक ऑनलाइन रहलs, रेडिएशन आ पॉल्यूशन। ग्लूकोमा-कैटरेक्ट आ मायोपिया के नजरअंदाज़ नाहीं क‌इल जा सकेला । एs बेमारी के बढ़त मामला बड़हन के साथे ल‌इकन के आंखन पs मोट चश्मा चढ़ा सकेला। अइसने में योग के सहारा ले‌के आंख के समस्या के काफी हद ले दूर क‌इल जा सकेला।

•बरसात में आंख के समस्या

-कंजक्टिवाइटिस

-वायरल इफेक्शन

-बैक्टीरियल इंफेक्शन

-आंख में एलर्जी

•आंख में इंफेक्शन

-रेडनेस

-ड्राईनेस

-खुजली

-पलक में सूजन

-आंख में दरद

-लाल आंख

-स्वेलिंग

-आंख से पानी आइल

•आंख के दुश्मन खराब लाइफस्टाइल

-ऑनलाइन पढ़ाई-वर्क

-रेडिएशन पॉल्यूशन

-कैटरेक्ट

-ग्लूकोमा

-मायोपिया

•आंख के रोशनी बढ़ाईं 

-एलोवेरा-आंवला के जूस पीं

-आंवला से आंखें तेज़ होला

– सुबेरे-सांझ 30 मिनट प्राणायाम करीं

-अनुलोम-विलोम करीं

-7 बार भ्रामरी करीं

•नजर शार्प खातीर का खाईं?

-किशमिश आ अंजीर खाईं

-7-8 बादाम पानी में भिगो के खाईं

•चश्मा उतरे खातीर का खाईं?

-बादाम, सौंफ आ मिश्री लेंईं.

-पीस के पाउडर बना लेंईं .

-राती के गरम दूध के साथ लेंईं

•आंख के देंईं आराम

-आंख में गुलाब जल डालीं

-साफ पानी से आंख धोई

-आलू के टुकड़ा आंखीं पs रखीं

-खीरा काट के पलकन पs रखीं

•आंखीं के घरेलू इलाज

-1 चम्मच सफेद प्याज़ के रस

-1 चम्मच अदरक नींबू के रस

-3 चम्मच शहद

-3 चम्मच गुलाब जल ,कुल्ही के आंवला के रस में मिला‌ईं

दु-दु बूंद सुबेरे सांझ आंख में डालीं

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]